सरकार के काम कारवाही पारदर्शी आ प्रतिस्पर्धी होखी : मन्त्री खतिवडा

काठमाण्डु १ सावन
अर्थ, सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री डा युवराज खतिवडा सरकार के काम कारवाही पारदर्शी आ प्रतिस्पर्धी होखेके बतवले बानी ।
आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के नीति तथा कार्जक्रम आ बजेट वक्तव्य के साथे वार्षिक कार्जक्रम कार्यान्वयन के एकीकृत कार्यायोजना सार्वजनिक करत उ कहनी कि, “हमनी के कारवाहीसब पारदर्शी होखी, हमनी के खरिदसब प्रतिस्पर्धी होखी । हमनी से करेवाला कामसब विधिसम्मत आ नियमसम्मत होखी ।”
उ सञ्चार मन्त्रालय अन्तर्गत के कुछ काम कारवाहीसब वितल समय मे विवाद मे अईला पर भी आवेवाला दिन मे सभी काम कारवाही पारदर्शी आ प्रतिस्धर्पी होखेके विश्वास दिलवनी ।
कर्मचारीतन्त्र आ राष्ट्र सेवकलोग सरकार के नीति तथा कार्जक्रम कार्यान्वयन करावे के मूल खम्बा रहल स्पष्ट करत मन्त्री डा खतिवडा राजनीतिक आदमी से सामान्य निर्देशन देवेवाला भईला से ओकर विधि, कानून आ निमय मे रहके कार्यान्वयन दायित्व कर्मचारी के रहल बतवनी ।
राजनीतिक नेतृत्व से गलत निर्देशन देवेके ना होखी आ ओईसन अवस्था अईला पर कर्मचारीतन्त्र से भी कार्यान्वयन कईल जरुरी ना होखेके उनकर कहनाम रहे ।
सञ्चार मन्त्रालय के सबसे बढिया साख भईल मन्त्रालय के रूप मे विकास करेके बात मे जाजेड देत उ कहनी कि “२१ ववाँ शताब्दी के सञ्चार आ सूचना प्रविधि मे हो रहल परिवर्तन के स्वीकार के उ मुताविक के पूर्वाधार, जनशक्ति आ प्रशासकीय तइयारी कईल जरुरी बा ।”
सरकार के कार्जक्रम कार्यान्वयन करके सञ्चार मन्त्रालय पहिलका नम्बर मे पुगे खातिर शुभकामना देत मन्त्री डा खतिवडा कहनी कि, “बढिया काम करे खातिर हौसला देवेके चाहत बानी ।
हमनी के वार्षिक कार्ययोजना छापेके आ दराज मे राखे खातिर मात्र ना । कार्यान्वयन के खातिर होखी ।”
मन्त्री डा खतिवडा आपन काम कारवाही के नियमित अनुगमन आ समीक्षा होखेके स्पष्ट करत साप्ताहिक रूप मे आपन कार्यालय भितर, मासिक रूप मे मन्त्रालय मे, द्वैमासिक औपचारिक रूप मे मन्त्रालय मे छलफल करेके आ चौमासिक रूप मे राष्ट्रिय विकास समस्या समाधान समिति के बईठक मे लेजाके समाधान करेके तरिका से अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।
उ कहनी कि, “समस्या का बा ? आ समाधान के उपाय भी का बा कहके तरिका से आवेके पडि । समस्या मात्र लेके अईला पर नतिजा ना निकली ।”
उ सञ्चार तथा सूचना प्रविधि से जुडल मन्त्रालय भईला से राष्ट्रिय अन्तर्राष्ट्रिय रूप मे हमनी के सरोकार सर्वाधिक चासो के विषय बनेके स्पष्ट कइनी ।
सरकार डिजिटल नेपाल फ्रेमवर्क के नारा भी कार्यान्वयन मे लियावल जानकारी देत उ अर्थतन्त्र मे मात्र ना होके शासकीय विषय के भी समेटल बतवनी ।
डिटिजल नेपाल के खातिर पूर्वाधार पहिलका शर्त भईल कहत उ जनशक्ति के विकास करत सञ्चार क्षेत्र के प्रतिस्पर्धी बनावे के क्रमिक दायित्व के पूरा करेके उल्लेख कइनी ।
कार्ययोजना मे ना पडल आ दैनिक समस्या के हल करके जाएके कहत उ कार्यसम्पादन करार सम्झौता भी जलदी अगाडि बढेके जानकारी देहनी ।
मन्त्री डा खतिवडा आपन मूल्याङ्कन खुदे करेवाला किसिम से प्रणाली के विकास करे खातिर भी निर्देशन देहनी ।
उ कहनी कि, “दिनभर कार्यालय मे रहके इन्टरनेट मे मात्र खेल के सँझिया घर गईला पर आजु हमरा तलब खईला बराबर का काम कइनी कहके आपन मूल्याङ्कन कईला पर ओकरा से बढिया मूल्याङ्कन आउर कुछ होखे ना सकि ।”






