नागरिक विरोधी निर्णय खारेज करेके माग करत जसपा बुझवलख ज्ञापन

वीरगंज ०४ सावन

जनता समाज पार्टी (जसपा) नेपाल नागरिक विरोधी निर्णय खारेज करेके माग कईले बा ।

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की मार्फत प्रधानमन्त्री के कार्यालय, स्वास्थ्य मन्त्रालय आ प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री के ज्ञापनपत्र बुझावत जसपा वीरगंज कमिटी ओईसन माग कईले बा ।

जसपा के लियाकत अली नेतृत्व के टोली आजु प्रमुख जिल्ला अधिकारी कार्की के ज्ञापनपत्र बुझवले बा । अ

खुद के वीरगंज महानगर कमिटी अध्यक्ष रहल दावी करत आईल बाडन ।

संघीय समाजवादी पार्टी आ राष्ट्रिय जनता पार्टी मिल के जसपा बनला के बाद स्थानीय स्तर मे पार्टी के एकीकृत कमिटी बनल नइखे ।

ओहिसे वीरगंज मे अनेकन समूह जनता समाजवादी पार्टी के नेतृत्व मे आपन आपन दाबी प्रस्तुत करत आ रहल बाडन ।

लकडाउन मे सर्वसाधरण से आत्महत्या करेके क्रम बढल, नागरिक कर्जा मे डुबल समय सरकार ५ हजार ५ सय तिर के पीसीआर परीक्षण करेके उर्दी जारी कईल, काठमाण्डु जाए खातिर भिसा लगावल अनुभव होखेवाला किसिम से पास मे कडाइ कईल नागरिक विरोधी निर्णय भईल ठहर जसपा के बा ।

ज्ञापनपत्र बुझावे खातिर जनता समाजवादी पार्टी के नेता राजेशमान सिंह लगायत के टोली जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे पुगल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।