१२० दिन लम्हर लकडाउन खुलल माकिर कुछ प्रतिबन्ध कायेम

काठमाण्डु ६ सावन

१२० दिन लम्हर लकडाउन मंगर के रात से अन्त्य भईल बा ।

मन्त्रिपरिषद् के सोमार के दिने बईठल वईठक से चईत ११ गते से जारी लकडाउन सावन ६ अर्थात मंगर के रात से अन्त्य करेके निर्णय कईले बा ।

कोरोन भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सरकार चईत ११ गते से लकडाउन कईले रहे ।

बेर बेर म्याद थप के जेठ २६ तक पूर्ण रुप मे कायम रहल ।

ओकरा बाद निजी सवारी जोर विजोर प्रणाली मे आ दोकान सञ्चालन करे देहल सरकार क्रमशः लकडाउन सहज बनावत लेगईल रहे ।

मंगर के रात से लकडाउन पूर्ण रुप मे हटल सरकार के प्रवक्ता एवं सञ्चार आ अर्थमन्त्री डा. युवराज खतिवडा जानकारी देहनी ।
माकिर सरकार कुछ क्षेत्र मे प्रतिबन्ध कायमे रखले बा ।

शैक्षिक संस्था, सभा गोष्ठी, प्रदर्शन भेला आ सम्मेलन, सिनेमा हल, डान्स बार लगायत के मनोरंजन स्थल, सैलुन, व्यूटी पार्लर, जिमखाना, हेल्थ क्लब, समूह मे खेलेवाला खेल, धार्मिक स्थलसब, पुस्तकालय, संग्राहलयसब आ चिडिया खाना अभी भी खुलल नइखे ।
माकिर सरकार होटल तथा रेष्टुरेन्टसब सावन १५ से खुला करेके अनुमति देहले बा । भादो १ गते से विद्यार्थी भर्ना आ परीक्षा लगायत के गतिविधि करेके छुट देहले बा ।

एहितरे आन्तरिक तथा अन्तराष्ट्रिय हवाई उडान तथा मध्यम आ लम्हर दुरी के अन्तरजिल्ला के यातायात भादो १ गते से खुला होखी ।

अन्तर्राष्ट्रिय खेल के प्रशिक्षण आ प्रारम्भिक खेलसब भी भादो १ गते से करे सकेके भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।