समाजसेवी अजय गुप्ता वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के जरुरी सामान देहनी

वीरगंज ०६ सावन

तीन दिन से लगातार होरहल बर्षात के चलते पर्सा के अनेकन जगहा मे आईल बाढी आ डुवान से जनजीवन प्रभावित भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १० अशोकवाटिका स्थित शिवपार्वती मन्दिर भितर रहल प्रहरी चौकी के समाजसेवी अजय गुप्ता बाढ पीडित के डुबान से बँचावे खातिर बहुते जरुरी सामान वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक दिपक साह के हस्तान्तरण कईले बानी ।

समाजसेवी गुप्ता बाढ के मध्यनजर करके प्रहरी चौकी शिवपार्वती के २ थान टायर, ४ थान जुत्ता, २ थान ट्रच, १ बन्डल डोरी आ ४ थान छाता हस्तान्तरण कईले बानी ।

समाजसेवी गुप्ता के नितृत्व मे रहल रेस्क्यु टोले रानिघाट, अशोकवाटिका, ज्योति नगर डुबान मे रहल घरपरिवार के आपन निजि खर्च से खाना आ सुतेके ब्यवस्था कईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।