वीरगंज मे तीन दिन मे कोरोना संक्रमण से तीन जने के मृत्यु

वीरगंज ०९ सावन
वीरगंज मे तीन दिन मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमणबाट तीन जने के मृत्यु भईल बा ।
गण्डकस्थित अस्थायी कोभिड अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बारा के परवानीपुर गाँवपालिका ४ के १९ बरीस के युवती के आजु मृत्यु भईल बा ।
उनकर सँझिया साढे ५ बजे मृत्यु भईल अस्पताल स्रोत जानकारी देहले बा ।
एकरा से पहिले आजु सबेरे वीरगंज के कोभिड अस्पताल के आइसोलेसन मे वीरगंज ११ श्रीपुर के ८५ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल रहे ।
ओकरा से पहिले बितल मंगर के दिने भी आइसोलेसन मे मृत्यु भईल वीरगंज माइस्थान के ७० बरीस के बुढ के भी बुध के रात संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
आजु सँझिया मृत्यु के बाद मात्र युवती मे कोरोना पुष्टि भईल कोभिड अस्पतालका डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले उनकर आरडिटी रिपोर्ट भी पोजिटिभ देखल गईल रहे ।
बितल बुध के दिने स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद युवती के वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।
ईलाजज के समय मे कोरोना के शंका लागला के बाद चिकित्सक युवती के आरडीटी परीक्षण कईला पर रिपोर्ट पोजेटिभ देखल गईल रहे ।
ओकरा बाद उनकर स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे ।
माकिर प्रयोगशाला से रिपोर्ट आवेमे देरी भईला के बाद उनका के बियफे के रात साढे ९ बजे के समय मे वीरगंज हेल्थ केयर से गण्डकस्थित अस्थायी कोभिड अस्पताल मे लेजाके भर्ना कईल रहे ।
हेल्थ केयर अस्पताल मे आरडीटी पोजिटिभ देखल गईला के बाद युवती के रात मे हि कोभिड अस्पताल मे लियावल रहे ।
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला से शुक के सँझिया पीसीआर रिपोर्ट भी अईला से लास अस्पताल के आइसोलेसन मे राखल आ शनिचर के दिने सेना लास व्यवस्थापन करेके डा. सिंह बतवनी ।





