कोटिहोम मे हि पिसिआर ल्याब सञ्चालन होखी : मन्त्री कार्की

दमक, १० सावन
प्रदेश नं १ के आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री हिक्मत कार्की कोरोना भाइरस परीक्षण करेवाला पिसिआर ल्याब स्थापना करे खातिर झापा मे शुरु कईल ‘एक के खातिर एक अभियान’ के केहु अवरोध पुगावे ना सकेके बतवले बानी ।
अन्तरराष्ट्रिय झापाली समाज शुक के सँझिया आयोजना कईल भच्र्युअल बईठक मे उ कोरोना भाइरस पहिचान के खातिर करेवाला ल्याब के सङ्ख्या बढावे के जगहा मे स्थापना भइल ल्याब चले ना देहल बात आईल गलत भईल बतवले बानी ।
केहु से अवरोध अईला पर ओकरा के हटावे खातिर खुद प्रतिबद्ध रहल उल्लेख करत उ प्रदेश १ मे कम्ती मे पाँच गो ल्याब होखेवाला जगहा मे अभी तीन गो मात्र रहल आ स्थापना भइल ल्याब तुरुन्त सञ्चालन मे लियावल जरुरी रहल बतवनी ।
मन्त्री कार्की प्रदेश मे ल्याब पर्याप्त ना रहल आ बेसी से बेसी ल्याब सञ्चालन मे लियावे खातिर जरुरी भईल बतावत ई पवित्र अभियान के केहु मनोबल कमजोर करेके ना चाहिं कहके बतवनी ।
अपनेलोग (एक के खातिर एक) अगाडि बढिं, कहाँ काथि दिकत होई हम बात करेम कहनी ।
अभियान से कनकाइ के कोटीहोमस्थित समर्पण भवन मे ल्याब स्थापना करके सरकार के हस्तान्तरण करेके एकरा से पहिले हि बतावल गईल बा ।
माकिर स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय, स्वास्थ्य आपत्कालीन तथा विपद् व्यवस्थापन एकाइ के नाम मे झापा मे मेची अस्पताल के मात्र ल्याब सञ्चालन के स्वीकृति देवेके पत्र आईल बतावल गईल बा ।
“जनस्तर से सञ्चालन मे आवे लागल ई ल्याब कउनो हालत मे रुकेके ना चाहिं”, मन्त्री कार्की कहनी कि, “सङ्घीय सरकार से कईल निर्णय सँचियावे के पडि ।”
बईठक मे जिल्ला समन्वय प्रमुख सोमनाथ विश्वकर्मा मेची अस्पताल बाहेक दोसर जगहा ल्याब के जरुरत ना रहल बतईला के बाद मन्त्री कार्की सरकार से निजी क्षेत्र के भी न्यूनतम शुल्क लेके ल्याब सञ्चालन के अधिकार देहला से सञ्चालन मे अवरोध आवे ना सकेके प्रस्ट कइनी ।
मेची अस्पताल के मातहत मे ल्याब सञ्चालन होखे ना सकला पर एक के खातिर एक अभियान के कानून संशोधन करके भईला पर भी अनुमति देवेके उनकर कहनाम बा ।
समाज के अध्यक्ष छत्र सुब्बा के अध्यक्षता मे भईल बईठक मे सङ्घीय सांसद एलपी साँवा, राजेन्द्र लिङ्देन, नेपाली काँग्रेस के प्रवक्ता विश्वप्रकाश शर्मालगायत सहभागी रहनी ।
उलोग कोटीहोम मे पिसिआर ल्याब स्थापना भइल आ जलदी से जलदी सञ्चालन मे लियावे खातिर सरकार लागेके बिचार रखले रहनी ।
बइठक मे अभियान के संयोजक महेन्द्रकमार गिरी समुदाय, सहकारी आ सरकार के सहकार्य मे ल्याब सञ्चालन मे आवे लागल बतावत उ काम के खातिर अभी तक एक करोड ६८ लाख रोपेया सङ्कलन भइल आ रु ४७ लाख खाद्यान्न, भिटिएम, आरडिटी लगायत मे खर्च भईल जानकारी देहनी ।
समाज के ओरी से पिसिआर ल्याब खरिद के खातिर रकम सङ्कलन संयोजक तथा वरिष्ठ उपाध्यक्ष दीपक खनाल सावन १२ गते बिर्तामोड मे एक कार्जक्रम के बीच अभियान के रु २५ लाख के चेक हस्तान्तरण करेके बतवनी ।






