भन्सार से आईल गाडी से ३३ गो मोवाइल बरामद
वीरगंज ११ सावन
वीरगंज भन्सार कार्यालय होत लियावे लागल नयाँ गाडी से ३३ थान मोबाइल बरामद भईल बा । गोल्छा समूह से मँगावल फोर्ड कम्पनी के गाडी से तस्करी के मोबाइल बरामद भईल बा ।
जीओ जाँचपास के खातिर पेस कईल १९ गो मेसे २ गो गाडी मे रेड मी, रेड आई आ ओप्पो ब्रान्ड के मोबाइल मिलल रहे ।
गोल्छा समूह के जीओ अटोमोबाइल्स से मँगावल फोर्ड गाडी शनिचर के चेकजाँच कईला पर अनेकन ब्रान्ड के ३३ थान मोबाइल बरामद भईल भन्सार कार्यालय के सूचना अधिकारी भन्सार अधिकृत विमलकुमार साह बतवनी ।
‘एगो मे ८ गो मोबाइल बरामद भईला के बाद सभी गाडी के खानतलासी कईल गईल, दोसर से आउर २५ गो मोबाइल बरामद भईल बा,’ कहत उ, ‘भन्सार जाँचपास प्रक्रिया के समय मे मोबाइल बरामद भईला से आउर अनुसन्धान सुरु कईल बा ।’
भारतीय एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी) होत नेपाल ओरी के आईसीपी मे लियावल गाडी मे मोबाइल मिलला के बाद भन्सार कार्यालय ओकर अनुसन्धान सुरु कईले बा ।
नयाँ गाडी मे लुकाके अवैध रुप मे मोबाइल लियावे के खोजला के बाद अनुसन्धान सुरु कईल सूचना अधिकारी साह बतवनी ।
‘छोटा छोटा पोका बनाके मोबाइल लियावल बा, चालक के बदमासी ह भा एमे दोसर के भी संलग्नता बा कहके बारेमे अनुसन्धान कर रहल बानी,’ कहत साह, ‘अनुसन्धान से दोषी ठहरेवाला सभी के भन्सार ऐनअनुसार कारबाही होखी ।’
भन्सार ऐन मुताविक मुद्दा पक्रिया अगाडि बढावत चालक के अनुसन्धान के खातिर बोलईला पर उपस्थित होखेवाला किसिम से तारेख मे छोडल गईल भन्सार कार्यालय जनवले बा ।






