मजदुर मे कोरोना मिलला के बाद जगदम्बा इन्टरप्राइजेज सिल

वीरगंज १३ सावन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जगदम्बा इन्टरप्राइजेज के सिल कईले बा ।
उद्योग के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत सहित ४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उद्योग सिल कईल बा ।
सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत सहित के टोली उद्योग मे पुगके जगदम्बा इन्टरप्राइजेज सिल कईले बा ।
दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर स्थानीय जनप्रतिनिधि तथा सुरक्षाकर्मी के अनुमति विना उद्योग प्रवेश मे रोक लगावल सहायक प्रजिअ बस्नेत जानकारी देहनी ।
आदमीसब के आवातजावत बन्द कईल अवस्था मे जगदम्बा इन्टरप्राइजेज भारत से चोरालुका के मजदुर लियाके काम करा रहल सूचना आईल रहे ।
स्थलगत अनुगमन करके उ बारे मे अध्ययन कर रहल बानी,’ कहत उ, ‘उद्योग मे कार्यरत एक जने संक्रमित के ट्रेसिङ मे पडल आउर ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल । ओहिसे उद्योग सिल करेके निर्णय मे पुगल बानी ।’
जगदम्बा इन्टरप्राइजेज मे कार्यरत ४८, ५६ आ २६ बरसि के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग सभी कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल हउवन ।
बितल सावन ६ गते जगदम्बा मे कार्यरत ५६ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ कोरोना अस्पताल के आईसीयू कक्ष मे ईलाज करा रहल बाडन ।
संक्रमित पुष्टि भईल माकिर लक्षण ना देखल गईल के उद्योग के खर्च मे उद्योग भितर भा आउर उपयुक्त जगहा मे आइसोलेसन सेन्टर स्थापना करके राखेके, संक्रमित के प्रत्यक्ष सम्पर्क मे आईल तथा असाढ १५ गते के बाद भारत से आईल सभी कामदार, कर्मचारी के पीसीआर चेकजाँच करावेके, पीसीआर जाँच के खातिर स्वाब संकलन कईल तथा आउर शंकास्पद सभी के उद्योग के खर्च मे उद्योग भितर भा उद्योग बाहर उपयुक्त जगहा मे क्वारेन्टिन के व्यवस्था करे खातिर प्रशासन निर्देशन देहले बा ।
उद्योग से स्थापना कईल क्वारेन्टिन तथा आइसोलेसन सेन्टर स्थानीय जनप्रतिनिधि, सुरक्षाकर्मी, स्वास्थ्यकर्मी के सहमति आ निगरानी मे रहेवाला किसिम से स्थापना आ सञ्चालन होखेके शर्त प्रशासन के बा ।
जेठ १२ गते सरकार से नेपाली नागरिकलोग के स्वदेश आवेमे सहजिकरण करेके सम्बन्धी आदेश जारी कईले रहे ।
तोकल जगहा बाहेक दोसर जगहा से प्रवेश मे निषेध कईल रहे ।
माकिर खुला सीमाना के दुरुपयोग करत आदमीसब कउनो भी जगहा से भी नेपाल प्रवेश कर रहल बाडन ।
सीमावर्ती भारतीय राज्य बिहार मे संक्रमित के संख्या बढत जा रहल बा ।
चोरालुका के आवेवाला आदमी कोरोना लियावे सकेके समुदाय मे भुस के आगी लागल जईसन फईल सकेके चेतावनी स्वास्थ्यकर्मी देत आईल बाडन ।






