बारा मे एक अरब से बेसी रोपेया फ्रिज

प्रभु यादव
बारा १३ सावन
बारा जिल्ला मे रहल ५० गो कार्यालय के रोपेया फ्रिज भईल बा ।
संघ आ प्रदेश कर के आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के बजेट मे से एक अरब २५ करोड ९१ लाख ५७ हजार पाँच सय छव रोपेया ५१ पईसा फ्रिज भईल कोष तथा लेखा नियन्त्रक कार्यालय बारा के नियमित प्रमुख पवन अधिकारी जनकारी करावले बानी ।
संघ के कार्यालय से ५७ करोड एक लाख ५४ हजार पाँच सय ४६ रोपेया ९० पईसा आ प्रदेश के कार्यालय सब से ६८ करोड ९० लाख दु हजार नव सय ५९ रोपेया ६१ पईसा फ्रिज भईल कोष तथा लेखा नियन्त्रक कार्यालय बारा जानकारी करवले बा ।
संघ के ३९ गो कार्यालय के खातिर चालू बजेट नव अरब १० करोड १९ लाख ७८ हजार सात सय १२ रोपेया ४६ पईसा रहल जवना मे आठ अरब ८६ करोड ५७ लाख १२ हजार ८८ रोपेया ४१ पईसा खर्च भईल अधिकारी जानकारी करवले बानी ।
संघ के पूँजिगत वजेट ९८ करोड २१ लाख ९० हजार नव सय ९९ रोपेया मे ६४ करोड ८२ लाख ४३ हजार आठ सय ७६ रोपेया १५ पईसा खर्च भइल बा ।
प्रदेश अन्तर्गत के ११ गो कार्यालय मे चालू बजेट एक अरब एक करोड ९० लाख ४६ हजार नव सय २७ रोपेया मेसे ७० करोड ६७ लाख ४९ हजार पाँच सय २१ रोपेया १३ पईसा खर्च भईल जनकारी करावल गईल बा ।
प्रदेश के बजेट ओरी ७७ करोड ३५ लाख मेसे ३९ करोड ६७ लाख ९४ हजार चार सय ४६ रोपेया २७ पईसा खर्च भईल प्रमुख अधिकारी जनकारी करावले बानी ।
अभि तक आर्थिक वरीस २०७६÷०७७ के बजेट मे से काम कईला वाद चेक काटल गईल जवन बैक मे दाखिला भईल होई आ खर्च भईल होई जवन ना भईल होई ओकर विवरण सानव महिना भितर आईला के वाद फ्रिज के रकम बढ सकता प्रमुख अधिकारी जनकारी करावले बानी ।




