बारा मे कोरोना से एक जने मरले ५० जने सक्रमित

प्रभु यादव
बारा १७ भादो
बारा जिल्ला मे कोरोना से एक जने मरले आ ५० जने सक्रमित भईल जनस्वास्थ्य बारा के प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।
नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल के अस्थायी कोरोना अस्पताल गण्डक अस्पताल मे सिम्रौनगढ नगरपालीका वार्ड नम्वर ९ के ९७ बरीस के मर्दाना रात के करिब १ बजे के समय मे मरल बानी प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।
कोरोना सक्रमित होखे मे कलैया उपमहानगरपालीका के २४ जने जनानी आ २६ जने मर्दाना कर के ५० जने भईल यादव जनकारी करावले बानी ।
बारा मे अभि तकले नव सय ६४ जने सक्रमित भईल आ १८ जने के मृत्यु होचुकल प्रमुख यादव जनकारी करवले बानी ।






