‘प्रदेश सरकार के योजनासब प्रभावकारी आ नतिजामुखी बा’ : मुख्यमन्त्री पौडेल

वाग्मती, १४ सावन

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल प्रदेश सरकार से सञ्चालन कईल तथा प्रदेश के बजेट से सञ्चालन भईल योजना प्रभावकारी एवं नतिजामुखी भईल बतवले बानी ।

उत्तरी मकवानपुर के थाहा नगरपालिका के अनेकन योजना अनुगमन करत मुख्यमन्त्री पौडेल थाहानगर मे भी प्रदेश सरकार के योजना मुताविक हि काम सञ्चालन भईल मिलल कहत खुशी व्यक्त कइनी ।

प्रदेश प्रमुख विष्णु प्रसार्इं सहित थाहा पुगल पौडेल थाहानगर के थाहा स्मारक पार्क, शीतभण्डार, बसपार्क, आँखा उपचार केन्द्र लगायत के अवलोकन कईले रहनी ।

अवलोकन के समय मे उ थाहानगर पर्यटकीय नगर भईला से पर्यटन प्रवद्र्धन के खातिर थाहा स्मारक उद्यान महत्वपूर्ण भूमिका खेलेके बतवनी ।

उ पर्यटन प्रवद्र्धन मे नगरपालिका प्रभावकारी योजना सञ्चालन कईल आ एकरा के पूर्णता देवे खातिर आपन ओरी से सहजोग होखेके कहत उद्यान परिसर मे सञ्चालन के अन्तिम तइयारी मे रहल ‘कोशेली घर’ के तत्काल सञ्चालन करे खातिर निहोरा कइनी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल प्रदेश के सहजोग मे वार्ड नं ४ थानाबजार मे निर्माण सुरु कईल बसपार्क के अनुगमन करत ‘बसपार्क निर्माण एप्रोज’ आउर के खातिर सिकाइ के केन्द्र भईल बिचार रखनी ।

भ्रष्टाचारमुक्त प्रदेश बनावे के निर्देशन
वाग्मती प्रदेश के भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री रामेश्वर फुयाँल भ्रष्टाचार उपर शून्य सहनशीलता अपनावे के प्रदेश सरकार के नीति के आत्मसात् करके काम करे खातिर कर्मचारी के निर्देशन देहले बानी ।

उ प्रदेश के मुख्यमन्त्री पौडेल के स्वच्छ प्रदेश निर्माण अभियान के पहिलका कडी सुशासन भईल आ भ्रष्टाचारमुक्त प्रदेश बनावे के प्रदेश सरकार के ध्यय मुताविक काम करे खातिर निहोरा कइनी ।

भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्रालय, हेटौँडा मे आयोजना कईल समीक्षा कार्जक्रम मे मन्त्रालय के सचिव, महाशाखा के प्रमुखसब तथा मन्त्रालय मातहत के प्रदेश के सभी कार्यालय के प्रमुख के निर्देशन देत मन्त्री फुयाँल मन्त्रालय मातहत के कार्यालयसब बजेट के कार्यान्वयन मे विशेष ध्यान देवेके बतवनी ।

मन्त्री फुयाँल सावन १ गते से हि बजेट कार्यान्वयन चरण मे प्रवेश कईला से पहिलका चौमासिक मे करेके कहल काम के दुसरका चौमासिक मे समीक्षा करेके उल्लेख कइनी ।

उ तिसरका चौमासिक के मध्य तक मे कार्यसम्पादन हि पूरा करेवाला किसिम से काम करेके बतवनी ।

मन्त्री फुयाँल भौतिक पूर्वाधार के क्षेत्र मे मात्र ना होके यातायात के क्षेत्र मे भी जनता के अनुभूति होखेवाला किसिम से परिवर्तन लियावे के काम करेके बात मे जोड देहनी ।

एहितरे मन्त्रालय के सचिव तेजराज भट्ट मातहत के प्रमुख सँगे कार्यसम्पादन करार कईले बानी ।

एहितरे महाशाखा प्रमुखसब मातहत के कार्यालय प्रमुखलोग से भी कार्यसम्पादन करार सम्झौता पुरा कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।