संक्रमित जनानी आइसोलेसन वार्ड मे हि जनमवली बच्चा

वीरगंज १६ सावन

वीरगंज स्थित कोभिड अस्पताल मे ईलाज करा रहल एक संक्रमीत जनानी आइसोलेसन मे जनमवले बाडि ।

कोरोना संक्रमित वीरगंज–१ छपकैया के ३१ बरीस के जनानी शुक के सबेरे ४ बजे बेटी जनमवले बाडि ।

माई आ बच्चा दुनु के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य रहल कोभिड अस्पताल के कोर्डिनेटर डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी ।

उ जनानी के बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । माकिर संक्रमण पुष्टि भईल जानकारी उ आ उनकर परिवार के जानकारी ना रहे ।

बियफे के सँझिया बेथा से दबईला के बाद सुत्केरी करावे खातिर उ नेशनल मेडिकल कलेज के प्रसूती गृह मे लेजाके भर्ना कईल रहे ।

संक्रमित जनानी सुत्केरी करावे खातिर मेडिकल कलेज मे भर्ना भईल खबर मिलला के बाद कोभिड अस्पताल के चिकित्सक रात के साढे एक बजे उनका के कोभिड अस्पताल मे लिआईल रहलन ।

“कोभिड अस्पताल मे सुत्केरी करावेवाला दक्ष जनशक्ति भी ना रहलन, बाहर से नर्स के बोलईनी, कहत सिंह– “सबेरे ४ बज के १० मिनेट मे बच्चा जनमल, माई आ बच्चा दुनु के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य बा ।”

नवजता शिशु के स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण के खातिर शुक के सबेरे नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल उ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।