भारत मे आजु रात १२ बजे से २१ दिन लक डाउन करेके भारतीय प्रम नरेन्द्र मोदी के घोषणा

भारत ११ चईत,

भारत मे आजु रात १२ बजे से २१ दिन लक डाउन करे के भारतीय प्रधानमन्त्री नरेन्द्र मोदी २१ घोषणा कईले बानी ।
मंगलबार सँझिया के ८ बजे देशबासी के नाम मे सम्बोधन करत प्रधानमन्त्री मोदी कोरोना भाइरस के जोखिम कम करे खातिर ३ हप्ता तक लकडाउन करे के घोषणा कईले बानी ।

प्रधान मन्त्री मोदी भारत कोरोना के उच्च जोखिम मे रहल बा २१ दिन के लकडाउन मान के सहजोग करे खातिर जनता से निहोरा करत ना त देश २१ बरीस पछाडी जाये के परी कहके बतवले रहनी । जनता कर्फ्यू से कडा लकडाउन भईल जवना के माने के सभे देशवासी मे दस अगुली जोड के निहोरा कईले बानी ।

सभे नागरिक के जीवन बचावल भारत सरकार के जिम्मेवारी भईला से कडा कदम चल के पडल प्रधान मन्त्री कहनी । ४ दिन के अवधि मे करिब १ लाख नयाँ सन्क्रमित मिलल ओकरा प्रति नागरिक के सचेत होखे के आग्रह कईनी ।

‘जे जहाँ बानी उहवे रहल करी, जवना से कोरोन भाइरस बढे मे कमी होई आपन घर से बाहर ना निकली कहत घर के बाहर लक्षमण रेखा रहलबा कोरोना भाईरस लागेला जवना से बचे के कहनी । प्रधान मन्त्री मोदी कवनो गलत प्रचारवाजी से बँचेला बिना चिकित्सक के सल्लाह बिना कवनो दवाई ना करावे के निहोरा कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।