बारा मे दु सय एक जने कोरोना संक्रमित

प्रभु यादव

बारा १८ सावन

बारा जिल्ला मे दु सय एक जने कोरोना संक्रमित रहल बाडन ।

कोरोना से संक्रमित रहल लोग मे से एक सय ७८ जने चेक जाँच करा के ठिक होके आपन घर लौट गईल प्रहरी प्रबक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

अभि तकले तीन जने कोरोना से मरल जानकारी करावल गईल बा ।

२० जने आईसुलेसन मे रह के उपचार करारहल बा जवना लोग के स्वास्थ्य अवस्था समान्य रहल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

बारा के बहुते जगह करेन्टाईन मे रहल ४३ जने बा ।

लकडाउन हटावल गईल समय मे भारत आ परोसी जिल्ला से आवत जावत बढला से कोरोना समुदाय मे बढे के समभवना जादा भईल बा ।

पर्सा जिल्ला मे समुदाय स्तर मे कोरोना विशेष बढला से बारा मे भि विशेष बढेके सम्भवना भईला से एतवार के सबेरे ५ बजे से निशेध आज्ञा जारी भईल बा ।

सब जनता के अभि के समय मे सतर्कता अपनावे के रहल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।