आन्तरिक आय बढावे खातिर कर के दायरा बढावल जाई : मन्त्री गुरुङ

पोखरा, २ असाढ,
गण्डकी प्रदेश के आर्थिक मामिला तथा योजनामन्त्री किरण गुरुङ आन्तरिक आम्दानी वृद्धि करे खातिर कर के दायरा बढावेके बतवले बानी ।
प्रदेश सरकार के आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के वार्षिक बजेट तथा कार्जक्रम के सम्बन्ध मे आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्रालयद्वारा आजु पोखरा मे आयोजना कईल पत्रकार भेटघाट मे उ व्यवसाय करेवालालोग राज्य के कउनो ना कउनो निकाय मे दर्ता होखेके बात मे जोड देहनी ।
सरकार बजेट मे आन्तरिक राजश्व रु चार अरब ६० करोड ८५ लाख सङ्कलन करेके लक्ष्य लेहल बतावत उ राजश्व के दायरा चौडा करेके आ दहत्तर बहत्तर के आउर व्यवस्थित करके आम्दानी वृद्धि करेके उल्लेख कइनी ।
“हरेक व्यवसाय करेवालालोग राज्य के निकायसब मे दर्ता होखेके पडि, आदमी के आम्दानी के हरेक स्रोत के बारे मे राज्य के जानकारी होखेके पडि, आम्दानी कईला के बाद राज्य के कर तिरेके हरेक नागरिक के दायित्व होखी” मन्त्री गुरुङ कहनी ।
चालू आव मे रु तीन अरब २५ करोड आन्तरिक आय अनुमान कईला मे अभी तक ६१ प्रतिशत राजश्व सङ्कलन भईल आ जारी बन्दाबन्दी के चलते लक्ष्य प्राप्ति होखे ना सकल मन्त्री गुरुङ के कहनाम बा ।
आर्थिक मामिलामन्त्री गुरुङ वितल समय मे बजेट खर्च करेवाला जनशक्ति आ संरचना तथा सरकारी अङ्ग ना भईला से बजेट खर्च ना होखेके अवस्था के अन्त्य करे खातिर चालू बरीस मे संरचना आ जनशक्ति थपईला से आवेवाला बरीस बजेट कार्यान्वयन होखेके स्पष्ट कइनी ।
कोभिड–१९ के महामारी से पारल असर के आधार मे क्षेत्रगत पुर्नरुत्थान के खातिर व्यवसाय जीवन रक्षा कोष स्थापना करके रु एक अरब बजेट विनियोजन कईल बतावत उ शिथिल भईल अर्थतन्त्र के पुनःस्थापना के खातिर प्रयोग करेवाला किसिम से सरोकारवाला सँगे छलफल करके मापदण्ड बनावेके जानकारी देहनी ।
कोरोना नियन्त्रण के खातिर बजेट न्यून भईल कहके सञ्चारकर्मी के सवाल मे मन्त्री गुरुङ रु दु अरब से बेसी रोपेया विनियोजन कईल आ हरेक स्थानीय तह भी बजेट छुट्यावेवाला भईला से अभी के अवस्था मे कमी ना होखेके स्पष्ट कइनी ।
कोभिड–१९ के सङ्क्रमण रोके खातिर जारी बन्दाबन्दी के विकल्प खोज के महामारी के समय मे भी अर्थतन्त्र चलायमान बनावे के बतावत उ अभी के अवस्था मे ५० प्रतिशत आर्थिक गतिविधि खोल के अगाडि बढला के विकल्प ना भईला मे जोड देहनी ।
स्थायीत्व सँगे लक्ष्य प्राप्ति के खातिर नयाँ कार्जक्रम थप कईला से भी पुराना कार्जक्रम के निरन्तरता आ सम्पन्न करेके ओरी बजेट मे प्राथमिकता देहल मन्त्री गुरुङ उल्लेख कइनी ।
सरकार पहिलका बेर प्रदेश भितर के सञ्चार माध्यम के खातिर लोककल्याणकारी विज्ञापन के खातिर बजेट विनियोजन कईल बतावत उ सूचना विभाग के मापदण्ड के आधार मे वितरण करेके योजना रहल जानकारी देहनी ।
सरकार असाढ १ गते सोमार के आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के खातिर ३४ अरब ८४ करोड २१ लाख ६० हजार रोपेया के बजेट प्रदेशसभा बईठक मे पेश कईले रहे ।
प्रस्तुत बजेट मे चालू खर्च ओरी १४ अरब ८४ करोड २६ लाख ८४ हजार तथा पूँजीग ओरी रु १९ अरब ९९ करोड ९४ लाख ७६ हजार विनियोजन कईल बा ।





