सप्तरी के एगो वार्ड मे एके दिन २५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

सप्तरी १८ सावन
सप्तरी के तिलाठी कोइलाडी गाँवपालिका–२ लौनियाँ मे एके दिन २५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के मुताविक उ वार्ड मे ४ बरीस के लईका से ७१ बरीस के बुढ मे एतवार के एके दिन संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमण होखेवाला मे ४ बरीस के दु जने लईका, १५ बरीस के एक किशोरी, ५५ बरीस के एक जनानी, ३५ बरीस के तीन जने पुरुष तथा २६, २२ आ ४२ बरीस के दु÷दु जने पुरुष बाडन ।
एहितरे ४७, ४०, २०, ४५, ३८, ३६, ३१, २४, ३८, ७१, ६० आ एक जने उमिर ना खुलल पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एतवार के सप्तरी मे २७ जने नयाँ संक्रमित मिलला मे २५ जने तिलाठी कोइलाडी गाँवपालिका–२ के रहलन ।
आउर दु जने राजविराज के ४० आ २८ बरीस के पुरुष रहल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय जनवले बा ।
एतवार के २७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे सप्तरी मे कोरोना संक्रमित के संख्या ५ सय से बेसी पुगल बा ।
सप्तरी मे कोरोना संक्रमित के संख्या ५ सय २४ पुगल बा ।
लौनियाँ के २५ जने संक्रमित मेसे अधिकांश नेपाल–भारत आवतजावत कर रहल स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख दुनियाँलाल यादव बतवनी ।
उनका मुताविक लौनियाँ लगे भारत के कुनौली बजार रहल आ उलोग बारम्बार कुनौली जाके सरसामान लेके आईल मिलल बा ।
कुछ संक्रमित एक हप्ता पहिले जहर पियला के बाद संक्रमण पुष्टि भईल आदमी के सम्पर्क मे रहल आदमी भईल यादव बतवनी ।
सीमा नाका मे कडाई ना कईला पर बडका समस्या आवे सकेके उ बतवनी ।





