आउर २५९ जने मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित के संख्या २१ हजार से बेसी

काठमाण्डु २० सावन,

पिछिलका २४ घण्टा मे २५९ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

देशभर के प्रयोगशाला मे ७ हजार ६८७ नमुना परीक्षण कईला पर काठमाण्डु के उपत्यका मे मात्र ६२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे देशभर कुल संक्रमित के संख्या २१ हजार ९ पुगल बा । उलोग मेसे ५८ जने के मृत्यु भईल बा आ १५ हजार २० जने ठिक भईल बाडन ।

कहाँ कहाँ थपईलें संक्रमित ?
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी काठमाण्डु मे ४८ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।

एहितरे सर्लाही के २६, मोरङ के २३, कैलाली के २२, महोत्तरी मे १५, भक्तपुर आ धनुषा के १३÷१३ जने, सुनसरी के १२, अछाम आ बाँके के ११, रुपन्देही के ९, झापा के ८, सप्तरी आ बारा के ७÷७ जने आ रौतहट के ६ जने के कोरोना संक्रमण भईल बा ।

गुल्मी के ५, सल्यान के ३, इलाम, सिरहा, कपिलवस्तु आ कास्की के २÷२ जने तथा ललितपुर, धनुषा, बझाङ, पर्सा, तनहुँ, चितवन, लमजुङ आ पर्वत के एक÷एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।