मनोहर सिंह स्मृति क्रिकेट कप के प्रदेश सांसद साह कईलें उदघाटन

मनोहर सिंह स्मृति क्रिकेट कप के प्रदेश सांसद साह कईलें उदघाटन

मेवालाल यादव

रौतहट ०३ चईत

रौतहट जिल्ला के राजदेवी नगरपालिका–५ पताही मे मनोहर सिंह स्मृति क्रिकेट कप २०८० के प्रमुख अतिथि रौतहट क्षेत्र –१ क के प्रदेश सांसद नागेन्द्र साह उदघाटन कईले बानी । आकृति दाना उधोग, आर्यन ईन्टरप्राइजेज, सेन्ट जेभियर्स स्मार्ट इ. बो. आ आदित्य सप्लायर्स के सहजोग मे आजु से मनोहर सिंह स्मृति क्रिकेट कप २०८० चउथका संस्करण शुरु भईल बा । प्रमुख अतिथी साह क्रिकेट उदघाटन करत साथे ई कप के आयोजक मनोहर सिंह स्मृति खेलकुद समिति के धन्यवाद व्यक्त कईले रहनी । हमनी युवालोग के हरेक समाजिक काम के साथ देवेके प्रतिबद्धता जनवनी । उ उदघाटन कार्जक्रम मे राजदेवी नगरपालिका के पुर्व नगर प्रमुख धिरेन्द्र सिंह खेलाडीलोग के खेल के क्रम मे सभ्य आ नियम के दायरा मे रहके मर्यादित तरिका से खेल प्रदर्शन करे खातिर आयोजक के निहोरा कईले रहनी । खेल से खेलाडी के शारीरिक; मानसिक मित्रतापूर्ण सदभाव के बिकाश होखेके खेलाडीलोग के उ सराहना कईनी ।

रौतहट के युवालोग खेल मे भी जिल्ला के नाम रौशन करो कहके हमनी के चाहना बा । महामारी के चलते क्रिकेट खेले ना मिलला से खेल खराब होत गईल बा कहके खेलाडीलोग हमनी समक्ष दुःख व्यक्त कईले रहलन । युवालोग के खेल उपर मनोबल बढो कहके हमनी के चाहना बा । राजदेवी नगरपालिका के –५ के टिम १३ ओभर मे ७ विकेट गुमावत १०३ रन के योगफल तईयार कईले रहे । प्रतिउत्तर मे उतरल वार्ड –३ नगरपालिका के टिम १७ ओभर मे अलआउट भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।