कोरोना संक्रमण से नेपाल मे एके दिन ६ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २१ सावन
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से नेपाल मे एके दिन ६ जने के मृत्यु भईल बा ।
पर्सा आ मोरङ मे दु–दु जने तथा काठमाण्डु आ सप्तरी मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ६४ पुगल बा ।
एहितरे कोरोना संक्रमण से पर्सा मे आउर दु जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज–१५ भिस्वा के ४६ बरीस के पुरुष आ पोखरिया नगरपालिका–८ के १८ बरीस के युवती के मृत्यु भईल बा ।
एहितरे मोरङ मे कोशी अस्पताल, विराटनगर के आइसोलेसन कक्ष मे मृत्यु भईल विराटनगर के पुरुष आ अस्पताल लियावे के समय मे रास्ता मे मृत्यु भईल रंगेली नगरपालिका के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कोशी अस्पताल विराटनगर के मेडिकल सुपरिटेण्डेन्ट डा. चुमनलाल दास के मुताविक बुध के दिने दुनु जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
रंगेली नगरपालिका– ८ दर्बेसा के ४५ बरीस के पुरुष के बुध के सबेरे अस्पताल लियावे के समय मे मृत्यु भईल बा ।
स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद ईलाज के खातिर विराटनगर लियावे के समय मे सबेरे १०ः३० बजे मृत्यु भईल रहे ।
कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण भईला से स्वाब संकलन करके कोशी के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे बलम्बुस्थित सशस्त्र पुलीस के अस्पताल मे ईलाज करा रहल कोभिड–१९ के संक्रमित के भी मृत्यु भईल बा ।
सर्लाही–६ मलंगवा के ६५ बरीस के जनानी के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
मनमोहन अस्पताल से बलम्बु रिफर भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल १९ गते पुष्टि भईल रहे । उनका निमोनिया के साथे स्क्रब टाइफस भी भईल रहे ।
एक जने मे कोरोना पुष्टि, दु के रिपोर्ट नेगेटिभ
एहितरे सप्तरी मे मृत्यु भईल तीन जने मेसे एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । दु जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।
रुपनी गाँवपालिका ५ गढिया के ४५ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख दुनियाँलाल यादव जानकारी देहनी ।
करिब डेढ महिना पहिले मलेसिया से आईल उ होम क्वारेन्टिन मे रहनी ।
मंगर के सँझिया बोखार अईला के साथे श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद ईलाज के खातिर गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल राजविराज भर्ना कईल रहे ।
आउर ईलाज के खातिर वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान पठावल रहे । माकिर उनकर रास्ता मे मृत्यु भईल ।
मृत्यु के बाद स्वाब संकलन करके जाँच कईला पर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख यादव बतवनी ।
डाक्नेश्वरी नगरपालिका ९ के ७४ बरीस के आ राजगढ गाँवपालिका के ७१ बरीस के बुढ मे कोरोना संक्रमण ना देखल गईल ।
राजविराजस्थित छिन्नमस्ता अस्पताल मे ईलाज करावे खातिर भर्ना भईल दु जने के मृत्यु भईला के बाद स्वाब संकलन करके जाँच कईल रहे ।






