वीरगंज मे कोरोना से आउर दु जने के मृत्यु

वीरगंज २२ सावन

वीरगंज मे बियफे के दिने आउर २ जने के कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण से मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज के गण्डकस्थित अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे बियफे के सबेरे मृत्यु भईल वीरगंज १० आदर्शनगर के ५७ बरीस के पुरुष मे बियफे के सँझिया संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बियफे के सबेरे ८ बजे मृत्यु भईल उ पुरुष के स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर बियफे के सँझिया पीसीआर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

मुटुरोगी उ पुरुष मे निमोनिया आ श्वासप्रश्वास के समस्या देखल गईला के बाद बितल मंगर के दिन मे कोभिड अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।

ईलाज के समय मे बुध के रात करिब १० बजे के बाद स्वास्थ्य आउर बिगडला के बाद उनका के भेन्टिलेटर मे राखल गईल रहे ।

उनकर बियफे के सबेरे साढे ८ बजे मृत्यु भईल कोभिड अस्पताल के डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।

एहितरे बितल सावन २० गते रात आपन घर मे मृत्यु भईल वीरगंज ११ मुर्ली के ८० बरीस के बुढ मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला से बियफे के सँझिया मिलल रिपोर्ट मे उ बुढ के भी पीसीआर रिपोर्ट पाजिटिभ रहल मेसु उपाध्याय बतवनी ।

मूर्लीस्थित आपन घर मे सावन २० गते रात मृत्यु भईल बुढ के कोरोना परीक्षण के खातिर बुध के सबेरे स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे ।

एकरा सँगे पर्सा मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या १९ पुगल बा । सावन मे मात्र पर्सा मे १५ जने के मृत्यु भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।