कोरोना संक्रमित के संख्या बढला मे राष्ट्रपति चिन्तित

काठमाण्डु २३ सावन

राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी अभी के दिन मे कोरोना संक्रमित के संख्या बढला मे चिन्ता व्यक्त कईले बानी ।

शुक के दिने कोभिड १९ रोकथाम तथा नियन्त्रण उच्चस्तरीय समिति के संयोजक उपप्रधानमन्त्री ईश्वर पोखरेल आ आउर मन्त्रीलोग सँगे के भेट मे उ कोरोना भाइरस के रोकथाम के खातिर सरकार से जारी कईल निर्देशन आ मापदण्ड पालना करेके बतवनी ।

कोरोना भाइरस महामारी के रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सरकार से चालल कदम आ एकरा खातिर अपनावल उपाय प्रभावकारी रहल कहत राष्ट्रपति भण्डारी बन्दाबन्दी के चलते शहरी क्षेत्र मे दैनिक ज्यालादारी करेके लगायत निजी क्षेत्र के उद्योग व्यवसाय के श्रमिक से रोजगारी गुमावे के पडला मे चिन्ता व्यक्त कइनी ।

उपप्रधानमन्त्री पोखरेल, परराष्ट्रमन्त्री प्रदीपकुमार ज्ञवाली आ स्वास्थ्यमन्त्री भानुभक्त ढकाल कोभिड–१९ महामारी के रोकथाम, नियन्त्रण आ ईलाज के खातिर सरकार अभी तक कईल काम के बारेमे राष्ट्रपति के जानकारी करावल राष्ट्रपति कार्यालय विज्ञप्ति निकाल के जानकारी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।