रानीघाट आ श्रीपुर में गूंजल ‘रुख’ के नारा, अनिल रुङटा के भइल भव्य स्वागत
रानीघाट आ श्रीपुर में गूंजल ‘रुख’ के नारा, अनिल रुङटा के भइल भव्य स्वागत

वीरगंज ८ फागुन
नेपाली कांग्रेस के पर्सा क्षेत्र नं. १ से प्रतिनिधि सभा उम्मीदवार अनिल रुङटा आज वीरगंज महानगर के रानीघाट आ श्रीपुर इलाका में घर–घर जनसंपर्क अभियान चलवनी।
एह दौरान स्थानीय लोग फूलमाला, अबीर आ शुभकामना देके उनकर जोरदार स्वागत कइलें आ खुल के समर्थन जतवनी।
रुङटा मतदाता लोग से सीधा संवाद करत विकास, रोजगार आ शिक्षा के सबसे बड़ा प्राथमिकता बतवनी। ऊ कहलें कि युवन के साथ आ भरोसा उनकर ताकत बा। सीपमूलक शिक्षा, उद्यमशीलता के बढ़ावा, मजबूत पूर्वाधार आ सुलभ स्वास्थ्य सेवा उनकर मुख्य एजेन्डा बा।
ऊ मतदाता लोग से अपील कइलें कि आवे वाला चुनाव में ‘रुख’ चिन्ह पर मत देके परिवर्तन के अभियान के सफल बनाईं। स्थानीय नेता लोग के कहनाम बा कि पार्टी प्रति युवन के आकर्षण बढ़ल बा आ इलाका में चुनावी माहौल काफी जोश में






