सिराहा के लहान मे “लकडाउन”

जनकपुरधाम २३ सावन

कोरोना संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सिराहा के लहान नगरपालिका भी शुक के रात १२ बजे से बहुते जरुरी बाहेक के कामकाज बन्द करेके निर्णय कईले बा ।

नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत खेमनन्द भुसाल के मुताविक शुके रात १२ बजे से आवेवाला सावन ३२ गते तक के खातिर नगर क्षेत्र भितर जरुरी बाहेक के सभी काम बन्द करेके निर्णय भईल बा ।

ई समय मे बहुते जरुरी दोकान खोलेके समय निर्धारण कईल बा । सबेरे ८ से ११ बजे तक जरुरी दोकान खोलेके आ आउर दोकानसब बन्द करेके निर्णय भईल भुसाल बतवनी ।

नगरपालिका के पूर्व पश्चिम राजमार्ग क्षेत्र मे बहुते जरुरी बाहेक के सवारी साधन चले ना देवेके,, सभी किसिम के हाट बजार बन्द करेके, चाय दोकान से कोरोना रोकथाम से सम्बन्धित काम भईल बाहेक के सभी होटल आ रेष्टुरेन्ट भी बन्द करेके निर्णय भईल उ बतवनी ।

पिछिलका बेर लाहान नगरपालिका भितर २६ जने कोरोना संक्रमित मिलला के बाद एकर रोकथाम के खातिर लकडाउन लगावे के निर्णय भईल उ बतवनी ।

एकरा से पहिले सिरहा के मिर्चैया नगरपालिका भी सावन ३२ गते तक के खातिर आपन क्षेत्र मे लकडाउन लगावे के निर्णय कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।