हथियार बिक्री के खातिर जनकपुरधाम आईल युवक पकडईलें

जनकपुरधाम २६ सावन

अवैध हथियार बिक्री के खातिर जनकपुरधाम आईल एक युवक के पुलीस पकडले बा ।

पकडाएवाला मे भारतीय सीमावर्ती क्षेत्र धनुषा के मुखियापट्टी मुसहर्नियाँ गाँवपालिका–३ रहेवाला २१ बरीस के सुजित यादव बाडन ।

ज.१ ह. ३१९२ नम्बर के ट्याम्पो मे सवार यादव के विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा से खटल टोली अटोमेटिक पेस्तोल आ ओमे लागेवाला एक थान म्यागेजिन सहित पकडले बा ।

यादव करिया रंग के प्लास्टिक के झोरा मे राखल चिनी भितर ४.५ लिखल अटोमेटिक पेस्तोल आ म्यागेजिन लुकाके राखल मिलल बा ।

यादव जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका १० बाह्रबिघा मे उ हथियार बेचबिखन के खातिर आरहल सूचना के आधार मे पुगल पुलीस टोली नियन्त्रण मे लेहल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता मकेन्द्र मिश्र जानकारी देहनी ।

उनका के धनुषा पुलीस के नियन्त्रण मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल मिश्र बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।