कोरोना संक्रमण से आउर दु जने के मृत्यु, ६३८ संक्रमित थपईलें

काठमाण्डु ७ सावन
पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण से आउर दु जने के मृत्यु भईल बा आ ६३८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या २३ हजार ९४८ पुगल बा । उलोग मेसे ८३ जने के मृत्यु भईल बा आ १६ हजार ६६४ ठिक भईल बाडन ।
पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र १७१ जने डिस्चार्ज भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
दु जने के मृत्यु
कोरोना संक्रमण से धनुषा आ सिन्धुपाल्चोक के एक÷एक जने के मृत्यु भईल बा ।
प्रादेशिक अस्पताल, जनकपुरधाम मे ईलाज करा रहल विदेह नगरपालिका–८ के ६० बरीस के पुरुष के सोमार के रात मृत्यु भईल बा ।
क्षयरोग आ निमोनिया के मरेजी रहल उनकर पिछिलका १८ दिन से आईसीयू मे ईलाज होत रहे ।
एहितरे सावन २२ गते मृत्यु भईल सिन्धुपाल्चोक के बाह्रबिसे नगरपालिका–४ के ८४ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
उनकर मनमोहन कार्डियो थोरासिक भास्कुलर एण्ड ट्रान्सप्लान्ट सेन्टर मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे ।
कहाँ केतना थपईलें संक्रमित
मन्त्रालय के मुताविक देशभर के प्रयोगशाला मे १० हजार ४६२ नमुना परीक्षण कईल रहे । उ समय मे काठमाण्डु उपत्यका मे मात्र १३४ जने कोरोना संक्रमित मिलल बाडन ।
काठमाण्डु मे ११०, ललिपतुर के १६ आ भक्तपुुर के ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे पर्सा के ७०, मोरङ के ४२, सर्लाही के ४१, बारा के ३९, रुपन्देही आ सुनसरी के ३३÷३३ जने, धनुषा के २४, रौतहट के २०, कपिलवस्तु के १८, प्युठान के १७, उदपयपुर के १६, सप्तरी आ सिराहा के १३÷१३, महोत्तरी के १२, धादिङ के ११, झापा के १० आ दाङ के ९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कास्की आ सुर्खेत के ५÷५ जने, काभ्रे ४, चितवन आ नुवाकोट के ३÷३ तथा पर्वत, सल्यान, दैलेख, बाग्लुङ, तनहुँ, नवलपरासी आ ओखलढुंगा के २÷२ मे संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे रामेछाप, धनकुटा, रुकुम पश्चिम, सिन्धुपाल्चोक, खोटाङ, स्याङ्जा, अछाम, अर्घाखाँची, दोलखा, इलाम, जाजरकोट, कालीकोट, पाँचथर, दार्चुला, बर्दिया, मकवानपुर आ गोरखा के १÷१ जने संक्रमित भईल मन्त्रालय जनवले बाडन ।





