साईकिल से गिर के एक जने के मृत्यु
प्रभु यादव
बारा २८ सावन
बारा जिल्ला के महागढीमाई नगरपालिका मे साईकिल से गिर के एक जने के मृत्यु भईल बारा पुलीस जनवले बा ।
मृत्यू होखेवाला मे महागढीमाई न.पा. वार्ड नं. १० गंजभवानीपुर स्थित पानी ट्याङ्की के लगे २२ बरीस के दिपेश साह पानी आ पाँकी भईल धान के खेत मे साईकिल से गिर के पाँकी मे मुडि धसला से मृत्यु भईल प्रारम्भिक अध्ययन से देखल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र बतवले बानी ।
मृतक के लास वीरगंज स्थित नारायणी उपक्षेत्रिय अस्पताल मे पठावल गईल बा आ घटना के के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल बारा पुलीस जनवले बा ।






