अपहरण मुद्दा के फरार अभियुक्त ९ बरीस के बाद पकडईले

वीरगंज २८ सावन

अपहरण तथा शरीर बन्धक मुद्दा के फरार अभियुक्त के पुलीस ९ बरीस के बाद पकडले बा । पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका–४ निवासी ३८ बरीस के बन्हु सहनी पकडाईल बाडन ।

अभियुक्त सहनी के मंगर के दिन के ३ बजे वीरगंज– १६ इनर्वा से पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।

पुलीस के मुताविक अपहरण तथा शरीर बन्धक मुद्दा मे जिल्ला अदालत सहनी विरुद्ध २०६८ अगहन १६ मे ९ बरीस कैद आ ५० हजार रोपेया जरिवाना के फैसला सुनवले रहे ।

५० किलो ५ सय ग्राम लागूऔषध गाँजा सम्बन्धि मुद्दा मे भी उ संलग्न रहल तथ्य खुलल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।