पुर्पक्ष के खातिर थुना मे रहल के छोडादेवेके कहत १७ लाख रोपेया असुली, युवक पकडईलें
पुर्पक्ष के खातिर थुना मे रहल के छोडादेवेके कहत १७ लाख रोपेया असुली, युवक पकडईलें

वीरगंज १९ बैशाख
बलात्कार के अभियोग मे वीरगंज कारागार मे रहल दु अभियुक्त के छोडा देवेके प्रलोभन देखाके १७ लाख रोपेया असुलेवाला बारा के युवक पकडाईल बाडन ।
पकडाएवाला मे बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–२३ बैराठपुर के २५ बरीस के सहदेव पटेल रहल बाडन । उनका के पुलीस वैशाख १४ गते पकडके बुध के दिने सार्वजनिक कईले बा । बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने के मुताविक अपहरण शरीर बन्धक तथा जबरजस्ती करणी कसुर मुद्दा के पुर्पक्ष के खातिर वीरगंज कारागार मे रहल एक अभियुक्त के छोड देम कहत उनकर आफन्त से पटेल १० लाख रोपेया लेहले रहलन ।
एहितरे जबरजस्ती करणी कसुर मुद्दा मे पुर्पक्ष के खातिर वीरगंज कारागार मे रहल दोसर अभियुक्त के आफन्त से भी पटेल सात लाख रोपेया लेहले रहलन । उ दुनु अभियुक्त के आफन्त से देहल जाहेरी के आधार मे पटेल के पकडके ठगी मुद्दा दर्ता करके कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले एतवार के दिने भी बारा पुलीस हत्या के आरोप मे अनुसन्धान के खातिर प्रहरी थुना मे रहल एक अभियुक्त के छोडा देवेके कहत अभियुक्त के परिवार से ६ लाख रोपेया लेहल बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–२० बडहर्वा के ४१ बरीस के दुर्गा साह कानु के पकडले रहे ।






