जीराभवानी गाँ.पा.–४ के वार्ड अध्यक्ष के बेटा लागुऔषध नाईट्रोभेट सहित पकडईलें
मेघराज राय
जीराभवानी ३१ सावन
पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गाँवपलिका वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष सुभाष राउत थारु के बेटा शशिकान्त राउत थारु पकडाईल बाडन ।
विशेष सूचना के आधार मे सरकारी नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल ना१ब ३५९० नम्बर के मोटरसाइकल चेकजाँच कईला पर नाईट्रोभेट ४० पिस, कोटिन फ्रलेक्ट पि सिरप ८ पिस, स्टाम्पो २पिस सहित पकडल गईल पुलीस चौकी महादेवपट्टि के प्रहरी सहायक निरीक्षक सिकेन्द्र पाण्डे जानकारी देहनी ।
पकडाईल आदमी आ लागु औषध जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यलय पर्सा मे पठावल गईल प्रहरी सहायक निरीक्षक पाण्डे बतवनी ।






