अप्रेशन कईल भिडियो सार्वजनिक करेवाला डा. राजेश साह के चौतर्फि आलोचना सुरु

वीरगंज १३ भादो
स्त्री तथा प्रसुती रोग विशेषज्ञ डा. राजेश साह मरेजी के बेहोस बनाके अप्रेशन कर रहल भिडियो बनाके सामाजिक सञ्जाल मे सार्वजनिक कईला मे चौतर्फी बिरोध सुरु भईल बा ।
कउनो अभी आदमी डाक्टर के भगवान के दुसरका रुप मानेला माकिर अईसन कुछ डाक्टर के चलते पुरा डाक्टरलोग के बदनामी हो रहल बा । वीरगंज के स्पर्श मल्टिस्पेसलिटी अस्पताल वीरगंज मे कार्यरत्त डा. साह एक जने मरेजी के अप्रेशन कर रहल भिडिया टिकटक (समाजिक सञ्जाल) मे सार्वजनीक कईले बाडन ।
उ डाक्टर अमर्यादित तरिका से शल्यक्रिया के समय मे रक्तपात भईल भिडियो बनाके टिकटक मे सार्वजनीक कईला के बाद उनकर चौतर्फी आलोचना शुरु भईल बा ।
अमर्यादित तरिका से मरेजी के टिकटक भिडियो बनावेवाला वीरगंज के डा. राजेश साह एकरा से पहिले भी अप्रेशन कईल जनानी के निवस्त्र भिडियो बनावल हो सकेके आशंका उत्पन्न भईल बा । एकर ज्वलन्त उदाहरण उनका से सार्वजनीक कईल भिडियो से प्रमाणित भईल बा ।
५१ सेकेण्ड के उ टिकटक भिडियो मे उ शल्यक्रिया से भी बेसी भिडियो बनावे के ओरी ध्यान देहल स्पष्ट देखल जा सकता । अप्रेशन जईसन संवेदनशिल काम मे भिडियो बनाके ध्यान भटकला पर मरेजी के ज्यान भी जा सकेके अवस्था के उ वेवास्ता कईल बजार मे चर्चा होखे लागल बा । उनका से सार्वजनिक कईल भिडयो हमनी लगे सुरक्षित रहल बा ।
अईसे चिकित्सा क्षेत्र मे कार्यरत डाक्टर केहु के व्यक्तिगत गोपनियता के अनुमतिबिना हि भिडियो बनाके सार्वजनीक कईल अनैतिक कार्य भईल वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक अरुण कुमार महतो बतवनी । ‘ई किसिम के अव्यावहारिक काम से उनका मिलल डिग्री मे भी प्रश्न चिन्ह खडा भईल बा । कहुँ उ नक्कली प्रमाणपत्र के आधार मे चिकित्सक बनल त नईखन कहके आशंका यथार्थ मे परिणत ना होखो ।’ कहके बतवनी । अईसन कुकर्म कईल देख के उनका उपर कडा से कडा कारवाही के माग भी हो रहल बा ।
एने डा. साह खुद कउनो बदनियत के साथ भिडियो ना बनावल दावी कईनी । अप्रेशन बितला के बाद अन्तिम समय मे भिडियो बनईला पर भी उ भिडियो हटावल उ एक अनलाईन के बतवनी । एकरा बारेमे आउर कुछ बुझेके बा त फुन मे ना बतावे के मिली स्पर्श हस्पिटल मे आके बुझे खातिर गैरजिम्मेवार जवाफ देहनी ।
ई विषय मे अस्पताल के सञ्चालक डा. महेश्वर कुर्मी से सम्पर्क कईला पर ई विषय मे बिहान अस्पताल मे हि आके बुझे खातिर निहोरा कइनी ।





