वीरगंज मे दु दिन मे ७० जने कोरोना संक्रमित ठिक होके भईलें डिस्चार्ज

वीरगंज ३१ सावन
वीरगंज मे कोरोना के जितके दु दिन मे ७० जने संक्रमित कोभिड अस्पताल से डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कोरोना से आक्रान्त बनल वीरगंज मे पिछिलका समय संक्रमित के संख्या हरेक दिन थपत गईला पर भी दु दिन मे ७० जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
वीरगंज मे रहल वीरगंज हेल्थ केयर आ गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल से शुक के सँझिया आ शनिचर के सँझिया करके ७० जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल से शनिचर के सँझिया नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य अजय चौरसिया, वीरगंज कारगार के प्रमुख श्रवण पाखरेल, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष जगत साह कानु सहित ३४ जने के डिस्चार्ज कईल अस्पताल के सन्चालक डाक्टर अबुल हैश अन्सारी जानकारी देहनी ।
शनिचर के सँझिया ८ से ६५ बरीस के उमिर समूह के ७ जनानी आ २७ पुरुष करके ३४ जने डिस्चार्ज भईल अन्सारी बतवनी ।
उ मेसे डायलासिस ईलाज सेवा लेरहल दु मिर्गौला रोगी जनानी भी रहल अन्सारी जानकारी देहनी ।
शनिचर के सँझिया डिस्चार्ज भईल ३४ मेसे पर्सा घर भईल ३२ जने बाडन ।
धादिङ घर भईल १ पुलीस आ झापा घर भईल वीरगंज कारागार के प्रमुख श्रवण पोखरेल रहल डाक्टर अन्सारी बतवनी ।
अन्सारी के मुताविक, कोभिड अस्पताल मे लिया के राखला के बाद के पिछिलका पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल ३४ जने के शनिचर के सँझिया डिस्चार्ज कईल बा ।
एकरा से पहिले शुक के सँझिया भी वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल से २८ संक्रमित डिस्चार्ज भईल रहलन ।
शुक के सँझिया अस्पताल से डिस्चार्ज होखेवाला मे २७ जने पर्सा के आ १ जने बारा के रहलन ।
शुक के सँझिया हि गण्डकस्थित दोसर अस्थायी कोभिड अस्पताल से भी ८ संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज भईल रहलन ।






