पर्सा के अवस्था आउर भयावह बनत गईल, एक दिन मे १५३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ०२ भादो

पर्सा जिल्ला मे एके दिन १ सय ५३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला आ काठमाण्डु के टेकुस्थित राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे सोमार के रात कईल परीक्षण मे पर्सा के १ सय ५३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक टेकुस्थित प्रयोगशाला मे कईल परिक्षण मे वीरगंज के नारायणी बयोधा अस्पताल के मात्र डाक्टर, नर्स करके ३० जने मे संक्रमण मिलल बा ।

बयोधा अस्पताल के ६ जने डाक्टर, ११ जने नर्स, १२ जने कर्मचारी आ २ जने मरेजी करके ३० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

एहितरे टेकु के प्रयोगशाला मे सोमार के रात कईल परीक्षण मे पर्सा के आउर ६८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल ठाकुर जानकारी देहनी ।

वीरगंज ११ श्रीपुर विद्यापिठ मावि मे स्वाब देहल मेसे ५७ जने आ त्रिजुद्ध मावि मे स्वाब देहल मेसे ११ जने करके ६८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे सोमार के रात कईल परीक्षण मे भी पर्सा के ५५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य निरीक्षक ठाकुर जानकारी देहनी ।

संक्रमण पुष्टि भईल ५५ जने मेसे सब से बेसी पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका के २५ जने रहल बाडन ।

बहुदरमाइ नगरपालिका ४ के मात्र २० जने तथा वार्ड नम्बर ५, ६, ७, ८ आ ९ के १÷१ जने रहल बाडन ।

कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के समय मे बितल सावन ३० गते बहुदरमाई नगरपालिका के स्वास्थ्य चौकी मे ७७ जने के स्वाब संकलन कईल मेसे २५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य निरिक्षक ठाकुर जानकारी देहनी ।

एहितरे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के ५ आ वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता के २ करके ७ जने पुलीस मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १० मूर्ली चोक के ८ जने, वीरगंज के छपकैया के ६ जने, वीरगंज ४ वीर्ता के ३ जने, नेशनल मेडिकल कलेज के २ जने, वीरगंज ८, ११, १४ आ १६ के १÷१ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य निरिक्षक ठाकुर जानकारी देहनी ।

सोमार के रात १५३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या १ हजार ४ सय ७४ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । सावन एने मात्र पर्सा मे १ हजार ३ सय १७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।