कोरोना संक्रमण के चलते वीरगंज मे तीन जने के मृत्यु

वीरगंज ०३ भादो
पर्सा के वीरगंज मे कोरोना भाइरस (कोभिड १९) संक्रमण से तीस जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका– ५ रेशमकोठी के ४० बरीस के जनानी के बुध के दिने ४ बजके १५ मिनेट गईला पर मृत्यु भईल बा ।
गण्डक बहुअरीस्थित वीरगंज हेल्थ अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव बतवनी ।
मधुमेह के मरेजी उ जनानी मे निमोनिया के भी समस्या भईला के बाद चार दिन पहिले अली अर्थो ट्रमा सेन्टर मे भर्ना कईल रहे ।
अली अर्थो ट्रमा सेन्टर मे ईलाज के समय मे भादो २ गते उनकर स्वाब संकलन कईल रहे । उनकर पीसीआर रिर्पोट पोजिटिभ आईल रहे ।
कोरोना पुष्टि भईला के बाद उ जनानी के मंगर के रात ११ बजे वीरगंज हेल्थ अस्थायी कोभिड अस्पताल मे लेजाके भर्ना कईल रहे ।
स्वास्थ्य अवस्था बिगडत गईला के बाद उनका के बुध के सबेरे ११ बजे भेन्टिलेटर मे राखल गईल रहे ।
वीरगंज महानगरपालिका भिश्वा रहेवाला ५७ बरीस के आ वीरगंज–४ विर्ता रहेवाला ८४ बरीस के पुरुष के मृत्यु कोरोना संक्रमण से भईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव के मुताविक दुनु के मृत्यु कोरोना संक्रमण से भईल जानकारी नारायणी अस्पताल के चिकित्सक से कईले बाडन ।
भिश्वा के पुरुष के स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे लेगईला मे मंगर के दिन के ३ः३० बजे मृत्यु भईल रहे । जिन एक्सपर्ट विधि मार्फत कोरोना परीक्षण कईला पर कोरोना पोजेटिभ आईल रहे ।
नारायणी अस्पताल स्रोत के मुताविक ५७ बरीस के पुरुष मे निमोनिया देखल गईल रहे ।
भवानी अस्पताल से आउर ईलाज के खातिर उनका के बढिया अस्पताल मे लेजाए के सुझाव देहले रहे ।
उनका के आउर ईलाज के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज आ बयोधा अस्पताल पुगईला पर भी उ अस्पताल ईलाज करेके ना मानला के बाद नारायणी अस्पताल मे लियावल गईल रहे ।
कोभिड संक्रमित होके सावन २७ गते से गण्डक अस्पताल मे ईलाज करा रहल ८४ बरीस के पुरुष के ईलाज के समय मे मंगर के रात १०ः३० बजे मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय जनवले बा ।
बुध के दुपहरिया संक्रमित १ जनानी के मृत्यु भईला सँगे वीरगंज मे कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ३१ पुगल बा ।
सावन मे मात्र २८ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भईल ३१ मेसे पर्सा के २३, बारा के ५ आ रौतहट के २ जने बाडन ।
जेठ ३१ गते वीरगंज के घण्टाघर मे मृत मिलल एक संक्रमित युवक के पहिचान खुले सकल नइखे ।






