भादो १२ गते होखेवाला अभिमुखीकरण कार्जक्रम के खातिर बईठक पुरा

वीरगंज १० भादो
आवेवाला भादो १२ गते होखेवाला पार्टी के अभिमुखीकरण कार्जक्रम खातिर जनता समाजवादी पार्टी नेपाल वीरगंज महानगर समिति पुर्व तईयारी के खातिर आजु वईठक पुरा भईल बा ।
बईठक मे प्रमुख अतिथि सांसद प्रदीप यादव, अतिथि जनता समाजवादी पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव, प्रदेश सांसद जन्नत अंसारी, जिल्ला समन्वय समिति के सभापति नेक महमद अंसारी, जिल्ला सचीव तबरेज अहमद, जिल्ला सदस्य, जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के निर्वाचित वार्ड अध्यक्ष, वार्ड इकाई अध्यक्ष, पार्टी के युवा नेता, विद्यार्थी नेता, महानगर समिति के पदाधिकारी, सदस्यलोग के उलेखनिय सहभागिता रहल रहे ।
वीरगंज महानगर समिति के अध्यक्ष इश्वरचन्द्र यादव के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से आवेवाला भादो १२ गते शनिचर के दिने होखेवाला कार्जक्रम मे बारा, पर्सा, रौतहट, मकवानपुर, चितवन जिल्ला के पार्टी प्रतिनिधि के सहभागी होखेके जनावल गईल बा ।
कार्जक्रम मे वीरगंज के नगर सभागृह मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल केन्द्रीय समिति द्वारा होखेवाला अभिमुखिकरण कार्जक्रम के भव्य आ सभ्य बनावेवाला बईठक मार्फत अनेकन निर्णय सहित बईठक पुरा भईल बा ।






