अवैध रुप मे नेपाल लियावल पाडा भईस सशस्त्र पुलीस पकडलख

मेघराज राय
जीराभवनी ०३ भादो
सशस्त्र पुलीस बि.ओ.पी. भीखमपुर अवैध रुप मे नेपाल लिया रहल पाडा भईस नियन्त्रण मे लेहल लेहले बा ।
पर्सा के पाँडेपुर नाका होके नेपाल लिया रहल उ चौपाया सशस्त्र पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।
भारत के ईनर्वा से आजु सबेरे ४ बजे के समय मे अबैध रुप मे नेपाल लियावे लागल कहत विशेष सुचना के आधार मे गईल पुलीस टोली पाडा आ भईस करके ९ गो चौपाय नियन्त्रण मे लेहले बा ।
पाँडेपुर पुलीस चौकी लगे से सशस्त्र पुलीस अन्दाजी २ लाख २२ हजार मुल्य बराबर के चौपाया नियन्त्रण मे लेहले बा ।
पुलीस के देखते मातर तस्कर चौपाया छोड के भागल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
सशस्त्र पुलीस बिओपी भिखमपुर से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक किसमान तामाङ के नेतृत्व मे खटल सशस्त्र पुलीस टोली उ चौपाया नियन्त्रण मे लेके बीरगंज भन्सार पठावेके तईयारी हो रहल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक तामाङ बतवनी ।






