निर्वाचन आयोग दर्ता कईलख नेकपा एमाले

काठमाण्डु ३ भादो
निर्वाचन आयोग नेकपा एमाले नाम मे नयाँ पार्टी दर्ता कईले बा । बितल १२ असाढ मे दल दर्ता के खातिर आवेदन पडल रहे ।
तत्कालीन नेकपा (एमाले) आ नेकपा (माओवादी केन्द्र) एकीकरण होके नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) निर्माण भईल बा । ओकरा एने एमाले अस्तित्व मे ना रहे ।
नेकपा एमाले के नाम मे दल दर्ता के निवेदन पडला पर नेकपा भितर हलचल हि उत्पन्न भईल रहे । प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के इशारा मे दल दर्ता के प्रयास भईल आरोप भी प्रचण्ड सहित के नेतालोग लगईले रहलन ।
निवेदन पडल करिब दु महिना के बाद आयोग दल दर्ता कईले बा ।
नवगठित नेकपा एमाले के अध्यक्ष मे सन्ध्या तिवारी आ महासचिव मनिषकुमार उपाध्याय रहल बाडन ।
पार्टी आपन छाप मे डाँडा मे उगरहल सूर्य रखले रहे । कानुन मुताविक सभी मापदण्ड पुगला से दल दर्ता करेके निर्णय लेहल एक आयुक्त बतवनी ।
उनका मुताविक नेकपा एमाले नेपाल के एक सय ३२ वाँ पार्टी बनल बा ।




