का नेपाल मे भि टिकटक बन्द होखी ?

का नेपाल मे भि टिकटक बन्द होखी ?

समाजिक सञ्जाल के घटना दिन प्रतिदिन बढ रहल बा । समाजिक सञ्जाल चलावेवाला लोग भी दिन प्रति दिन बढ रहल बाडन ।

चाहे उ कवनो भी प्रकार से शिक्षित होखो या ना होखो लेकिन उ आदमी भी समाजिक सञ्जाल के प्रयोग कर हरल बाडन ।

इहाँ तक की छोट–छोट अब लइका लइकी भी बिना मोबाइल के ना रहत बाडसन । मोबाइल एक प्रकार के अइसन यन्त्र ह जवना के माध्यम से हमनी हरेक प्रकार के काम सहज आ सरल रुप से कर सकल जाता ।

इहाँ तक की दुर देश मे रहल आदमी से अपना लेगे रहल आदमी जइसन बात कर रहल बानी सन । लेकिन अब उहे मोबाइल के उपयोग के सट्टा दुरुपयोग सुरु भइल बा । हमनी के चलावे वाला मोबाइल मे अनेक प्रकार के फिचर सब रहल बा उ फिचर के प्रयोग कर के अनेक काम के बारेमे जान सकल जाता अनेक चिझ के बारेमे ज्ञान, सिप हासिल कइल जा सकल जाला, लेकिन अब इ मोबाइल के प्रयोग से अनेक प्रकार के अपराध आ अपराधिक घटना बढ रहल बा, जवना से हमनी के सचेत रहल जरुरी रहल बा ।

अभी के अवस्था देखल जाँव त समाजिक सञ्जाल भी एक प्रकार के खबर के माध्यम भइल बा । अगर इ माध्यम एक प्रकार के खबर एक जगह से दुसरा जगह तक पहुचा सकत बा त सोची इ केतना बडका बात बा काहे कि पहिले के जमाना मे एगो खबर या जानकारी पुगावे खातिर केतना दिन या महिनो लागत रल लेकिन अइसन अभिष्कार के चलते उ सब समय के बचत हो रहल बा ।

लेकिन कुछ हमनी के समाज मे भी अइसन आदमी रहल बा जवना के चलते पुरा समाज के बदनामी के सिकार होखे के पड रहल बा ।

कुछ दिन पहिले सब से जादा फेसबुक चलत रहे लेकिन उ फेसबुक से अइसन प्रकार के अस्लिलता कम देखे के मिलत रहे लेकिन अभी सब से जादा टिकटक फेमस भइल बा लेकिन टिकटक जेतना फेमस भइल बा ओतने ही जादा अस्लिलता फईला रहल बा ।

समाजिक सञ्जाल के रुप मे प्रयोग होखेवाला अनेक प्रकार के ऐप सब रहल बा लेकिन सब से जादा अस्लिलता फईला रहल ऐप के रुप मे फेमस भइल टिकटक ऐप रहल बा जवना के चलते हरेक देश मे नासोचेवाला काण्ड हो रहल बा ।
टिक टक के चलते केतना लोग आपन जान भी गवाँ देखल लोग त केतना लोग आपन परिवार, समाज से दुर हो गइल । बहुत अइसन घटना भी रहल बा जवना के कवनो जोड ना बा अइसन अइसन घटना के चलते केतना लोग के हँसत खेलत परिवार तबाह हो गइल ।

काहे कि हर आदमी के हात मे मोबाइल रहल बा हर आदमी के उ मोबाइल के बारेमे जानकारी ना भइला के चलते आ शिक्षा के ज्ञान ना भइला से केतना लोग आपन आपन अस्लिल फोटो आ भिडिया सब मोबाइल मे सेभ कइला के बदले समाजिक सञ्जाल मे भि पेठा देत बाटे लोग जवना के चलते अनेक प्रकार के घटना सब देखे के मिल रहल बा ।

केहू आपसी रिसबी के चलते कुछ नग्न अवस्था के फेटो भिडियो सब पोस्ट कइला से बहुत लोग आपन जान गँवा देले बा लोग त बहुत लोग अभी लाइन मे रहल बा लोग । अइसन अइसन ऐप सब कुछ देश मे बन्द रहल बा त कुछ देश मे चल रहल बा ।

देखल जाँव त हमनी के पडोसी देश भारत मे चाइना के बहुत अइसन ऐप सब बन्द रहल बा ।

भारत मे भारतीय लोग के कुछ भारतीय सञ्चारमाध्य मे अइसन ऐप के बारे मे खबर आ बिरोध भइला के चलते अइसन ऐप सब बन्द भइल बा ।

कुछ चाइनिज ऐप अइसन रहल बा जवना के गलत प्रयोग हो रहल बा त कुछ अइसन ऐप सब रहल बा जवना मे माध्यम से अपने के कुछ प्रश्नल डाटा भी चोरी हो रहल बा ।

बहुत अइसन खबर सब सुने के आ देखे के मिलल बा ।
नेपाल मे भी बहुत जादा अइसन प्रकार के ऐप सब रहल बा जवना के बन्द कइल जरुरी रहल बा ।

सब से जादा त टिकटक रहल बा । अभी देखल जाँव त कवनो भी घटना घट रहल बा चाहे उ घटना कवनो प्रकार के काहे ना होखो लेकिन लोग उ घटना के प्रशारण करे मे पिछा ना रहत बा लोग ।

लेकिन उ लोग के एतनो मालुम ना बा कि इ घटना के सत्य तथ्य का ह अइसन घटना समाजिक सञ्जाल मे पोस्ट कइला से का होखी इ बात सायद ही केहु केहु के मालुम होखी लेकिन अभी के अवस्था देखल जावँ त नेपाल मे भी अइसन प्रकार के घटना बढ रहल बा पुलीस प्रशासन मौन रहला से हरेक प्रकर के फेटो आ भिडियो सब लोग समाजिक सञ्जाल मे डाल रहल बा ।

अभी बहुत लोग अइसन भी बा जवन घटना के बारेमे बिना जनकारी भइले ही सेयर कर देला लोग लेकिन उ लोग के मालुम ना बा कि ऐगो हमरा सेयर कइला से केतना लोग देखी आ ओकर का परिणम होखी इ सब बिना जनले हो रहल बा ।

आजकल त अइसन लोग भी अइसन प्रकार के समाजिक सञ्जाल चला रहल बाडन जवना आदमी के कबो करिया अक्षर से भेट ना भइल होखे ओइसन अदमी भी कवनो प्रकार के फोटो आ भिडियो सब सेयर कर रहल बाडन ।

इ बात देखे के होखे त अपने टिकटक मे देखी अइसन अइसन अस्लिल अस्लिल भिडियो डालल जाता कि देखेवाला अदमी सब भी अस्लिल अस्लिल गारी सब देत बाटे लोग ।

टिकटक बनल आपन काला आ हुनर देखावे खातिर । हमनी के समाज मे रहल कुछ काला आ संस्कृति के उजागर करे खातिर टिकटक जइसन ऐप के सुरुवात भइल लेकिन कुछ लोग एकरा के गलत नियत आ गलत तरिका से प्रयोग कइला के चलते टिकटक बदनाम भइल बा ।

कुछ लोग आपन अस्लिलता के पुरा हद पार कके आपन नग्न फेटो आ भिडिया भी पोष्ट देत बालोग । जवन आदमी अइसन प्रकार के अस्लिल अस्लिल भिडियो बनावत बा उ लोग के घर परिवार सब ना देखत होखी उ परिवार के उपर का बिति जब आपन सन्तान अइसन प्रकार के हरकत कर रहल बाडन ।

उहे सब हरकत देख के लोग अनेक प्रकार के गारी सब दे रहल बाडन जवन कानूनी रुप से दण्डनिय रहल बा । लेकिन लोग सुधरे के नाम ना लेत बा जवना के चलते नेपाल के भी कुछ जवान सब टिकटक बन्द करे अभियान चला रहल बाडन आ आपन आपन जगह से प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापनपत्र सब बुझा रहल बाडन कि हमनी क्षेत्र आ राष्ट्र मे भी टिकटक बन्द होखो ।

टिकटक के माध्यम से बहुत पढेवाला लइका लइकी सब दिन प्रतिदिन बिगड रहल बाडन । अभी टिकटक अइसन चिझ भइल बा की केहु कवनो समय मे त केहु कवनो समय मे टिकटक बना रहल बाडन ।

उलोग के पता ना बा कि कवन काम कब करे के चाही इ टिकटक त बहुत अति ही कर देले बा । कुछ टिकटक प्रयोग कर्ता लोग त सब सिमा पर कर देले बा लोग का लोग के परिवार के लोग ना देखत होखी ।

आपन नाम कमाए खातिर आपन इज्जत भी दाव पर लगा देत बा लोग, उ लोग आपन इज्जत के सँग सँगे पुरा समाज के इज्जत उडा रहल बाडन ओही से नेपाल सरकार से हमर निहोरा बा कि नेपाल मे भी इ टिकटक बन्द होखो जवना से समाज मे कुछ पर्दा के काम होखो ।

टिकटक मे इहाँ तक होता कि पर्दा के पिछे होखेवाला काम सब लाइभ मे ही होरहल बा ।
– वीरगंज–१९, पर्सा

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।