जनकपुर मे पुराने मोडेल के पीसीआर मेसिन

जनकपुरधाम २० वैशाख
गलत नतिजा देवेवाला पीसीआर मेसिन के राखला के बाद प्रदेश २ मे दोसर मेसिन आइल बा । प्रादेशिक प्रयोगशाला जनकपुरधाम मे नयाँ मेसिन लियावल गईल बा । नयाँ मेसिन जडान करेके तइयारी हो रहल प्रयोगशाला जनवले बा ।
संघीय सरकार के स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय एकरा से पहिले के मोडेल के नयाँ मेसिन पठावल प्रयोगशाला के प्रमुख रामविनय साह जानकारी देहनी ।
‘फेनु उहे मोडेल के दोसर मेसिन आईल बा,’ प्रादेशिक प्रयोगशाला के प्रमुख रामविनय साह कहनी कि, ‘मेसिन मात्र दोसर ह । सभी चिज पहिले जईसन बा ।’ नयाँ मेसिन से भी पहिले के जईसन रोज के १० जने के नमुना परीक्षण होखेके साह जानकारी देहनी ।
बडका मेसिन आईल रहित त परीक्षण करेमे सजिलो होखेवाला भईला पर भी फेनु उहे मोडेल के मेसिन पठावला से परीक्षण से गति लेवे ना सकेके उनकर कहनाम बा ।
ई मेसिन के मोटरसाइकल के संज्ञा देत उ ‘जईसे मोटरसाइकल एक बेर मे एक जने के मात्र बईठावल जा सकता, ई मेसिन भी अईसने बा । अभी हमनी के मोटरसाइकल ना, एकसाथ सयो जने के बईठावे सकेवाला रेल के जरुरत बा ।’
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय से पहिलका बेर पठावल मेसिन बितल चईत २१ गते से सञ्चालन मे आईल रहे । ई मेसिन से एक सय दु जने के परीक्षण कईला पर सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे ।
माकिर, परीक्षण कईल मेसे रौतहट के दु जने आ सर्लाही के १ जने लइका के स्वाब फेनु परीक्षण के खातिर राष्ट्रिय प्रयोगशाला काठमाण्डु पठईला पर पोजेटिभ देखल गईल रहे ।
प्रादेशिक अस्पताल मे कईल परीक्षण नेगेटिभ आ काठमाण्डु मे पोजेटिभ देखल गईला के बाद पीसीआर मेसिन राखल रहे । उ मेसिन राख के परीक्षण बन्द कईला के बाद संकलन कईल स्वाबसब काठमाण्डु पठावत आईल बा ।
मेसिन बन्द भईला पर भी काम जारी
एकरा से पहिले संघीय सरकार से पठावल मेसिन लगातार नेगेटिभ रिपोर्ट मात्र देहला के बाद ओकरा के बन्द कईला पर भी काम मे लागल बतावेनी प्रयोगशाला प्रमुख साह ।
मेसिन ना भईला पर भी खुद काम ना रोकल बतावत प्रमुख साह थ्रोट स्वाब संकलन करेसे लेके आउर जिल्ला मे नमुना परीक्षण करके समय मे रिपोर्ट देत आईल रहे ।
‘मेसिन बन्द बा, माकिर स्वाब संकलन करत समय मे रिपोर्ट देवेके काम करत आईल बा,’ कहके बतवनी । उ स्वाब परीक्षण के खातिर काठमाण्डु, हेटौंडा आ धरान पठारहल आ नयाँ मेसिन सञ्चालन मे ना आवे तक पठारहल बतवनी ।
‘मेसिन बन्द भईला के बाद सर्वसाधारण मे नकारात्मक सन्देश गईल स्वाभाविक ह,’ कहत साह, ‘माकिर इहाँ कउनो किसिम के काम रोकले नइखी । समय मे सभी काम करत आईल बानी ।’






