सिरहा मे मृत्यु भईल पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम ६ भादो

सिरहा मे मृत्यु भईल एक पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

इहे भादो ३ गते मृत्यु भईल मिर्चैया नगरपालिका वार्ड नं. ४ के ६८ बरीस के पुरुष मे शुक के रात कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख कृष्णदेव यादव जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक उ पुरुष के भादो २ गते गाँव मे स्वाब संकलन कईल रहे । उ मधुमेह आ उच्च रक्तचाप के मरेजी रहलन ।

स्वाब संकलन करके प्रादेशिक प्रयोगशाला पठावल गईल आ रिपोर्ट ना आवते उनकर भादो ३ गते मृत्यु भईल स्वास्थ्य कार्यालय प्रमुख यादव बतवनी ।

उनकर कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु भईला के बाद कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ्ग के काम शुरु कईल उ बतवनी । एकरा सँगे सिरहा मे कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु होखेवाला के संख्या ३ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।