तेल ट्यांकर मे गाँजा तस्करी कईल आरोप मे दु जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १२ जेठ
तेल ट्याङ्कर मे लुकाके भारत ओरी लेजाए लागल अवैध लागु औषध २ सय १८ किलो गाँजा सहित दु जने के बारा पुलीस पकडले बा ।
पुलीस महोत्तरी के बर्दिबास नगरपालिका–८ रहेवाला ३३ बरीस के घनश्याम गिरी आ चितवन के खैरहनी–२ रहेवाला २३ बरीस के रामकुमार दवाडी के पकडले बा ।
उलोग ना ४ ख २९७९ नम्बर के ट्याङ्कर के डाईबर आ खलासी हउवन । लाल प्लाष्टिक से लपेटल १९ गो पोका मे रहल २ सय १८ किलो गाँजा बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।
बारा के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–१ पथलैया से ट्याङकर मे लुकावल गाँजासहित उलोग के पुलीस पकडले रहे ।
महमुद आलम के ग्यारेज मे रोक के राखल ट्याङ्कर के चेम्बर मे लुकाके भारत ओरी लेजाए लागल गाँजा बरामद भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायब उपरीक्ष दिपक श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
‘गाँजासहित ट्याङ्कर के चालक आ सहचालक के नियन्त्रण मे लेके जरुरी अनुसन्धान सुरु कईल गईल बा ।’ पुलीस नायब उपरीक्षक श्रेष्ठ कहनी ‘कहाँ से लियावल गईल बा, केकर ह कहके बारेमे अनुसन्धान हो रहल बा ।’






