लखनपुर मे भईल कार्जक्रम मे २ जनानी सहित ३१ जने कईलें खुनदान

वीरगंज ०७ भादो

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ६ लखनपुर मे कोभिड–१९ महामारी के चलते ब्लड बैंक मे खुन के कमी ना होखो कहके उदेश्यसे खुनदान कार्जक्रम कईल गईल बा ।

खुनदान जिवनदान कहके मूल नारा के साथ श्री जन जागरण युवा क्लब लखनपुर के आयोजना मे तथा जिल्ला कृषि सहकारी संघ लि. पर्सा आ जय महाबिर कृषि सहकारी संस्था लि. लखनपुर के सहकार्य मे भईल कार्जक्रम मे २ जनानी सहित ३१ जने खुनदान कईले बाडन ।

बिश्वभर फईलल कोरोना भाइरस के चलते मानव जात मे पडल प्रभाव से रक्त संचार केन्द्र मे खुन के कमी होखे ना देवे खातिर स्वास्थ्य मापदण्ड मुताविक सतर्कता अपना के ग्रामिण भेग मे खुनदान कार्जक्रम कईल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के सौरभ राज पाण्डेय बतवनी ।

श्री जन जागरण युवा क्लब लखनपुर के अध्यक्ष शिव कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ६ लखनपुर के वार्ड सदस्य धर्मराज साह, युवा नेता मनोज यादव, रामबाबु साह तेली, सिकेन्द्र सहनी आ रामचन्द्र साह कानु लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

लखनपुर मे पहिलका बेर आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे लखनपुर आ एकडर्वा के स्थानीयवासी, जान प्रतिनिधि, रक्त संचार केन्द्र के प्राविधिक धिरेन्द्र झा, जितेन्द्र महतो, शेखर साह आ रामनरेश यादव सहजोग कईले रहनी ।

खुनदान करेवाला मे सोनालाल साह, अमलेस कुमार, लालबहादुर महरा, धिरज कु. यादव, जपाल राउत कम्कर, बिकास कुमार कैलास साह, सबिता देबि, कमरुल नेसा, हमिद मिया, लालचन पटेल, भगवान सहनी, अशोक कु. साह आ मन्नु गिरि लगायत लगायत के लोग रहल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।