हाथी के आक्रमण से पटेर्वासुगौली मे एक के मृत्यु

मेघराज राय

जीराभवानी ०७ भादो

पर्सा मे हाथी के आक्रमण मे परके एक जने के मृत्यु भईल बा ।

पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका वार्ड नम्बर दु मे पडेवाला राष्ट्रिय बन मे जंगली हाथी के आक्रमण मे परके पर्सा के सखुवा पर्सौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर दु घुसुकपुर के अन्दाजी ४० बरीस के राजेन्द्र दहित रहल प्रहरी चौकी रङपुर के प्रहरी सहायक निरीक्षक राजेश तिवारी जानकारी देहनी ।

पुलीस के मुताविक दहित काल्हु सबेरे लकडी खोजेके समय मे जङ्गल मे गईल आ रात के अबेर तक भी नाआईला पर दहित के घर परिवार बन कर्मचारी आ पुलीस के सहजोग मे आजु जङ्गल मे खोजत गईला पर लास मिलल ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक दिपक चोरवार जानकारी देहनी ।

लास के पोस्टमार्टम के खातिर बीरगंज पठावे के तइयारी हो रहल पुलीस निरीक्षक चोरवार जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।