रेम्डिसिभिर दवाई के कालाबजारी कईल आरोप मे स्वास्थ्यकर्मी पकडईलें

वीरगंज ०७ भादो,
कोरोना संक्रमित के देवेवाला प्रतिबन्धित रेम्डिसिभिर के बेसी दाम मे अबैध कारोबार कईल आरोप मे एक जने स्वास्थ्यकर्मी पकडाईल बाडन ।
बारा घर भईल वीरगंज के एक निजी अस्पताल मे कार्यरत ताहिर हुसैन अन्सारी पकडाईल बाडन ।
उनकर साथ से पुलीस ९ थान रेम्डिसिभिर भी बरामद कईले बा । घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल कहत पुलीस आउर विवरण सार्वजनिक कईले नइखे ।
खुद प्रतिभाइल २५ से ३० हजार मे खरिद करके गम्भीर अवस्था के संक्रमित के खातिर ३० से ३२ हजार रोपेया मे बिक्री कर रहल दावी अन्सारी कईले बाडन ।
गम्भीर अवस्था के संक्रमित के रेम्डिसिभिर चलईला पर स्वास्थ्य मे सुधार आईल चिकित्सक के कहनाम बा । सरकार कोरोना संक्रमित के लाभदायक मानल ई दवाई उपलब्ध करावे सकल नइखे ।
ओहिसे वीरगंज मे लम्हर समय से हि प्रतिबन्धित रेम्डिसिभिर के कारोबार हो रहल बा । कोरोना विशेष अस्पताल मे बहुते संक्रमित के रेम्डिसिभिर चलावल चिकित्सक सार्वजनिक रुप मे हि स्वीकार कईले बाडन ।





