पर्सा मे आउर ३४ जने मे कोरोना संक्रमण : संक्रमित के संख्या १९ सय ४४ पुगल

वीरगंज ०८ भादो
पर्सा मे आउर ३४ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९)संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे एतवार के रात कईल परीक्षण मे ६ जनानी आ २८ पुरुष करके पर्सा के ३४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वार्ड मे २० आ पर्सागढि नगरपालिका के १४ जने मे संक्रमण मिलल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर १५ भिस्वा के १३ जने, वार्ड नम्बर ४, ६, ११, १२, १६, २१, २४ के १÷१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे पर्सागढी नगरपालिका के वार्ड नम्बर ८ के १४ जने मे संक्रमण मिलल श्रीवास्तव बतवनी ।
एतवार के रात आउर ३४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या १ हजार ९ सय ४४ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।






