पोखरिया अस्पताल के आइसोलेसन मे आयूर्वेदिक दवाई सहजोग

वीरगंज १० भादो
कोभिड एक्सन टिम (क्याट) पर्सा के पहलमा मे पोखरिया अस्पताल के आइसोलेसन मे आयूर्वेदिक दवाई सहजोग कईल बा ।
जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र पर्सा आ सात्विक आयुर्वेद अस्पताल तथा अनुसन्धान केन्द्र वीरगंज पोखरिया अस्पताल के आइसोलेस मे रहल कोरोना संक्रमितलोग के खातिर आयूर्वेदिक काढा आ दवाई सहजोग कईले बाडन ।
पोखरिया अस्पताल मे पुग के क्याट समुह, स्वास्थ्य केन्द्र आ सात्विक के प्रतिनिधिलोग उ सामान बुध के दिने हस्तान्तरण कईले बाडन ।
स्वास्थ्य केन्द्र सितोपलादी चूर्ण, त्रिफला चूर्ण, आमला चूर्ण, अश्वगंधा चूर्ण के मिश्रण ३४ प्याकेट आ सात्विक से कईल गिलोय सहजोग हस्तान्तरण कईल क्याट के सदस्य शम्भु कुमार सुमन जानकारी देहनी ।
क्याट के संयोजक भी रहल जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख नेक महमद अन्सारी पोखरिया नगरपालिका के उप मेयर सलमा खातनु के उ सामान देहनी ।
उ अवसर मे क्याट के सदस्य एवं नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सचिव श्याम पटेल, तत्कालिन समाजवादी पार्टी के जिल्ला सचिव एवं क्याट के सदस्य तबरेज अहमद, सात्विक के शशि भूषण प्रसाद आ उमेश पंडित लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






