विवेकशील साझा के नेता उज्वल थापा के निधन

काठमाण्डु १८ जेठ

कोरोना संक्रमण से सुरु कईल विवेकशील साझा दल के संस्थापक नेता उज्वल थापा के ४४ बरीस के उमिर मे निधन भईल बा । मेडिसिटी अस्पताल मे ईलाज के समय मे मंगर के दुपहरिया ४ बज के २५ मिनेट मे निधन भईल बा ।

कोभिड–१९ संक्रमण सँगे गम्भीर बेमार पडल थापा के सुरु मे ग्राण्डी अस्पताल भर्ना कईल रहे । स्वास्थ्य मे सुधार ना अईला के बाद १४ जेठ मे मेडिसिटी मे भर्ना करके इक्मो प्राविधि से ईलाज कईल रहे ।

अस्पताल के मुताविक थापा के सोमार के दिने कईल पीसीआर टेष्ट के नतिजा नेगेटिभ अईला पर भी देह के अंगसब प्रभावकारी काम करे ना सकल आ जटिल संक्रमण के चलते स्वास्थ्य स्थिति मे परिवर्तन आवे सकल ना रहे । ‘चिकित्सकलोग के अथक प्रयास आ सभी के शुभेच्छा के बाबजुद उनकर शारिरीक अवस्था सुुदृढ होखे ना सकल’ मेडिसिटी अस्पतालद्धारा जारी वक्तव्य मे कहल गईल बा, ‘मंगर के दुपहरिया ४ बज के २५ मिनेट मे उनकर असामयिक निधन भईल अवगत करावल जाता ।’

परिवार उनकर अन्त्येष्टि साधारण पारिवारिक तवर से सम्पन्न करेके इच्छा राखल परिवार तथा शुभेच्छुक के ओरी से जारी वक्तव्य मे उल्लेख बा ।

नेपाल मे वैकल्पिक राजनीति के वकाल करेवाला थापा पेशा से सूचना प्रविधि क्षेत्र के उद्यमी रहनी । उनकर अगुवाई मे अभियान के रुप मे सुरु भईल विकेकशील नेपाली के बाद निर्वाचन आयोग मे दर्ता होके निर्वाचन मे सहभागी भईल रहे ।

कोरोना संक्रमण के चलते उ बेमार भईला के बाद उनकर ईलाज के खातिर शुभेच्छुकलोग स्वःस्फूर्त रुप मे चन्दा संकलन अभियान भी संकलन कईले रहलन, जहाँ देश तथा बिदेश के हजारो आम नागरिक उनकर ईलाज के खातिर सहजोग कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।