पर्सा मे गर्भवती जनानी सहित आउर तीन जने के मृत्यु

वीरगंज ११ भादो
वीरगंज के अस्पताल मे ईलाज के समय मे आउर ३ जने कारोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । वीरगंज के अस्पताल मे पर्सा के २ आ बारा के १ गर्भवती जनानी करके ३ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के गण्डक बहुअरीस्थित वीरगंज हेल्थ केयर कोभिड अस्पताल मे बियफे के सबेरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १४ बहुअरी के ६२ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
सावन ३० गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उहे दिन उ वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।
मृगौला रोगी उ पुरुष मे निमोनिया के खातिर समस्या रहल आ ईलाज के समय मे उनकर बियफे के दिने सबेरे ८ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
एहितरे वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल कारोना संक्रमित बारा के एक गर्भवती जनानी के भी बियफे के दिने सबेरे मृत्यु भईल बा ।
बारा के सुर्वण गाँवपालिका– ४ हर्दिया गाँव के २३ बरीस के गर्भवती जनानी के बियफे के सबेरे ६ बजे मृत्यु भईल अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।
बितल भादो ८ गते स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे उ जनानी के भर्ना कईल रहे ।
उ जनानी मे श्वासप्रश्वास मे भी समस्या देखल गईला के बाद उनकर स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर बुध के दिने उनकर पीसीआर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल रहे ।
अस्पताल के आइशोलेसन वार्ड मे ईलाज करा रहल उ जनानी के बियफे के सबेरे मृत्यु भईल डाक्टर चौरसिया बतवनी ।
एकरा से पहिले बुध के रात नारायणी अस्पताल के आइशोलेसन वार्ड मे ईलाज करा रहल पर्सा के धोबनी गाँवपालिका–३ गुलरीया गाँव के ७२ बरीस के संक्रमित पुरुष के मृत्यु भईल रहे ।
बोखार अईला के साथे स्वासप्रस्वास मे भी समस्या देखल गईला के बाद उनका भादो ८ गते नारायणी अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल रहे ।
उहे दिन उनकर स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईला पर उनका मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईल रहे ।
एकरा सँगे पर्सा मे कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ४५ पुगल बा ।





