कोरोना से १२ जने के मृत्यु पुष्टि, २२ जने भेन्टिलेटर मे

काठमाण्डु १२ भादो

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से १२ जने के मृत्यु भईल पुष्टि भईल बा ।

मोरङ मे २ जने के मृत्यु भईल बा आ भक्तपर, मकवानपुर, उदयपुर, पर्सा, धनुषा, सिराहा, झापा, चितवन, जमजुङ आ रुपन्देही मे एक÷एक जने के मृत्यु भईल बा ।

मृतक मेसे ४ जने जनानी बाडि आ ८ जने पुरुष बाडन । एकरा सँगे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या १९५ पुगल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

मोरङ के ५६ बरीस के जनानी के मत्यु भईल बा । खोकी, बोखार आ श्वासप्रश्वास के समस्या लेके कोशी अस्पताल पुगल उनका कोरोना संक्रमण भईल वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान रिफर कईल रहे ।

बिराटनगर–१०, मोरङ के ६५ बरीस के जनानी के कोशी अस्पताल, कोभिड–१९ उपचार केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ रात १० बजे अस्पताल भर्ना भईल रहली । सबेरे स्वास्थ्य अवस्था गम्भीर भईला के बाद भेल्टिलेटर मे राख के ईलाज करत समय मृत्यु भईल बा ।
भक्तपुर के ६४ बरीस के जनानी के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा ।

हेटौंडा–१९, मकवापुर के ७१ बरीस के कोरोना संक्रमित जनानी के चितवन मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । दम आ निमोनिया के मरेजी उनका ७ भादो मे अस्पताल भर्ना करके परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

९ भादो मे त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका के ५२ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
धोविनी–३ पर्सा के ७२ बरीस के पुरुष के नारायणी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । भादो ८ मे भर्ना भईल उनका निमोनिया भी भईल रहे ।

प्रादेशिक अस्पताल, जनकपुरधाम मे बुध के दिने मृत्यु भईल धनुषा के मुपखयापट्टी मुसहरनिया–४ के ४५ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सुखीपुर–८ सिराहा के ६५ बरीस के पुरुष के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । बोखार आ सरदी खोकी लाग के ६ भादो मे अस्पताल पुगल उनका संक्रमण भईल ८ गते पुष्टि भईल रहे ।

दमक–३ झापा के ८३ बरीस के पुरुष के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान मे मृत्यु भईल बा । ३ भादो मे संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनका के बी एण्ड सी शिक्षण अस्पताल, बिर्तामोड धरान मे रिफर कईले रहे ।

भरतपुर–२, चितवन के ५१ बरीस के पुरुष के पुष्पाञ्जली अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । ८ भादो मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ दम के मरेजी रहनी ।
मध्यनेपाल–७, लमजुङ के ५२ बरीस के पुरुष के पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा ।

संक्रमण पुष्टि भईला के बाद आइसोलेसन मे लेजाए के समय मे गेट मे गिर के उनकर कुछ घण्टा के बाद मृत्यु भईल रहे । (पोखरा मे आफन्त कहाँ रहला से स्वास्थ्य मन्त्रालय उनकर ठेगाना कास्की कहले बा ।)

तिलोत्तमा–४, रुपन्देही के ६० बरीस के पुरुष के कोरोना विशेष अस्पताल, बुटवल मे मृत्यु भईल बा । कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद ७ भादो मे अस्पताल भर्ना भईल उनकर पिछिलका समय भेन्टिलेटर मे ईलाज होत रहे ।

एहितरे मन्त्रालय के मुताविक देशभर मे करके अभी २२ जने संक्रमित के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा । बाग्मती मे १७, प्रदेश १ मे ३ जने आ प्रदेश ५ मे २ जने भेल्टिलेटर मे बाडन ।

एकरा सँगे १६४ जने आईसीयू मे बाडन । सब से बेसी बाग्मती प्रदेश मे ८१ जने संक्रमित आईसीयू मे बाडन । प्रदेश २ मे ४४, प्रदेश १ मे ४१, प्रदेश ५ मे १५ आ गण्डकी प्रदेश मे ३ जने संक्रमित के आईसीयू मे ईलाज हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।