अनाथालय मे २४ कुण्डीय गायत्री महायज्ञ सुरु

मेवालाल यादव

रौतहट ०१ चईत

जिल्ला के मध्यभाग गरूडा मे रहल बंशीराम जयसवाल अनाथालय परिवार द्वारा ४ दिने २४ कुण्डीय गायत्री महायज्ञ एतवार से सुरु भईल बा ।

अनाथालय मे हरेक साल मनावत आईल रजत जयन्ती सम्मान समारोह के प्रमुख अतिथि देव प्रसाद तिमल्सिना कार्जक्रम के उदघाटन कईले बानी । अनाथालय के कलश यात्रा मे १०५१ कुमारी कन्या नगर परिक्रमा करके यज्ञ स्थल मे २४ कुण्डीय के चारु ओरी से उ कलशसब राखल गईल बा । ई आनाथालय मे ६ जने लइकी तथा २७ जने लईका लगायत अनाथालय के ३ जने उत्तराधिकारी करके कुल ३६ जने रहल संस्था के हृदय नारायण कुशवाहा बतवनी ।

अनाथालय के स्थापना २०५२ साल मे भईला मे अभी तक ई संस्था से सरकारी जागिर ओरी २६ जने, १ जने साउथ कोरिया, भारतीय के बनारस मे १ जने, मुम्बई १ जने, हरिद्वार १ जने करके ३२ जने अभी रोजगार मे रहके अनाथालय मे सहजोग भी करत आईल बाडन । अनाथालय मे एगो तेल ट्याक्टर रहल आ ओकर आम्दानी से अनाथ लईकालइकीसब के लालनपोसन भी होत आईल जनावल गईल बा ।

ई अनाथालय मे जारी रहल गायत्री महायज्ञ कार्जक्रम मे संगितमय के बिज्ञ बिजय शंकर पटेल द्वारा अनेकन भजनसब प्रस्तुत हो रहल उ मधुर संगित से दर्शक तथा स्थानीयलोग खुसी भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।