धनुषा मे सबेरे ६ घण्टा दोकान खोलेके मिली

जनकपुरधाम १४ भादो
धनुषा मे निषेधाज्ञा के सहज बनावल गईल बा । सोमार से लागू होखेवाला किसिम से निषेधाज्ञा के सहज बनावे के निर्णय भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेमप्रसाद भट्टराई जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक निषेधाज्ञा के एक हप्ता के खातिर थप करत सोमार के सबेरे ६ बजे से दुपहरिया १२ बजे तक ६ घण्टा दोकानसब खोले देवेके जनावल गईल बा ।
एतवार के दिने बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति आ जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के निर्णय मुताविक दोकान सञ्चालन करे देवेके भईल बा ।
निषेधाज्ञा भादो २१ गते तक कायम रहेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी भट्टराई बतवनी ।
धनुषा मे एकरा से पहिले अनेकन चरण मे करके सावन १९ गते से भादो १४ गते तक निषेधाज्ञा जारी कईल रहे ।






